Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पेट्रोल-डीजल आज फिर महंग

तेल कंपनी चौथी बार 80 पैसे बढ़वलस कीमत, पांच दिन में 3 रुपए 20 पैसे के बढ़त

88
सीवान इन्शुरेंस 720 90

पेट्रोल-डीजल के कीमत में पिछले पांच दिन में चौथा बढ़ोतरी कइल गइल। शनिवारो के तेल कंपनी सब पेट्रोल अउर डीजल के दाम में 80-80 पैसा बढ़ा देहले बानें सब। अब दिल्ली में पेट्रोल 98.61 रुपए/लीटर अउर डीजल 89.87 रुपए/लीटर मिल रहल बा। ऐसे पहिले, 22, 23 अउर 25 मार्च के 80-80 पैसा के बढ़ोतरी हो चुकल बा। 5 राज्य में चुनाव खत्म होइते तेल के दाम बढ़ले के सिलसिला शुरू हो गइल रहल। 137 दिन ले तेल के कीमत नाइ बढ़ल रहल।

फरवरी के महीना में पिछिला पांच दिन महंगाई के बढ़ावे वाला रहल बानें। 22 मार्च से अबले रसोई गैस अउर CNG-PNG के दाम बढ़ावल जा चुकल बा, त उहवें पेट्रोल-डीजल के दामो लगातार बढ़ रहल बा।

231880cookie-checkपेट्रोल-डीजल आज फिर महंग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.