साँझ के 10 गो बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 27, 2022

पाकिस्तान में सियासी घमासान: इमरान के रैली, 10 लाख लोगन के जूटे के दावा रहे, एको लाख लोग ना पहुंचल। PM के एडवाइजर के इस्तीफा। कोरोना से बड़ राहत: दु साल बाद आज से सुरू

Share

  1. पाकिस्तान में सियासी घमासान: इमरान के रैली, 10 लाख लोगन के जूटे के दावा रहे, एको लाख लोग ना पहुंचल। PM के एडवाइजर के इस्तीफा।
  2. कोरोना से बड़ राहत: दु साल बाद आज से सुरू भइल अंतराष्ट्रीय उड़ान, विदेश जाए आला लोगन के बूस्टर डोज़ जल्दिये मिले लागी।
  3. गोवा: प्रमोद सावंत के काल्ह लिहे सीएम पद के शपथ, समारोह में पीएम मोदी सहित बड़ नेता होई लो सामिल।
  4. UP: योगी आदित्यनाथ सरकार के वापसी के असर, 15 दिन में 50 अपराधियन के सरेंडर।
  5. एह साल 30 जून से सुरू होई अमरनाथ के जतरा, कोरोना के प्रोटोकाल के करे के होई पालन।
  6. पेट्रोल आ डीजल के आज फेर बढ़ल दाम, प्रेट्रोल के दाम 47 से 53 पईसा तs डीजल के दाम 53 से 58 पईसा ले बढ़ल।
  7. कसाई आला बयान पs बाइडेन के सफाई, बोलले- यूक्रेन के कबो जीत ना सकी रूस।
  8. रूस-यूक्रेन युद्ध: शहरन पs जबरदस्त बमबारी के लेके बोलले जेलेंसकी- अपना खातिर घिरना के बिया बोवत बा रूस।
  9. IPL: दिल्ली मुंबई के बीचे मैच जारी, दिल्ली के सोझा 178 रन के लक्ष्य। किशन के मुंबई खातिर जबरदस्त पारी।
  10. IPL: बंगलोर-पंजाब के मैच आज। दुनों टीम के बदलल बा एह सीजन में कप्तान।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.