MORNING UPDATES: भोर के 10 गो बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 25, 2022

  UP: आज इतिहास रचिहे योगी, दूसरा बेर लिहे मुख्यमंत्री पद के शपथ। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, अमित शाह समेत भाजपा के सभे मुख्यमंत्री लो रही शपथ ग्रहण में मवजूद। UP: योगी के शपथ ग्रहण के

Share

 

  1. UP: आज इतिहास रचिहे योगी, दूसरा बेर लिहे मुख्यमंत्री पद के शपथ। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, अमित शाह समेत भाजपा के सभे मुख्यमंत्री लो रही शपथ ग्रहण में मवजूद।
  2. UP: योगी के शपथ ग्रहण के तइयारी पूरा, आज सांझ 4 बजे लखनऊ के इकाना स्टेडियम में होई शपथ ग्रहण समारोह।
  3. पाँच राज्यन में हार के सदमा झेल रहल कांग्रेस के राहुल गांधी आज जइहे हरियाणा। वरिष्ठ नेता लोगन के संगे करिहे बइठकी।
  4. महंगाई के बरिआर मार: पेट्रोल आ डीजल के दाम आज फेर 80 पईसा बढ़ल, दिल्ली में पेट्रोल 97.81 आ डीजल 89.07 रूपिया भइल।
  5. पाकिस्तान में इमरान सरकार के खिलाफ आज विपक्ष ले आई अविश्वास प्रस्ताव।
  6. रूस यूक्रेन युद्ध: NATO समिट में बाइडेन बोलले- G-20 से रूस के बाहर कइल जाव; इ ओकरा के दुनिया के बड़ इकॉनमी से काट दिही। रूस जदि केमिकल हथियार चलाई टs जबाब यूक्रेन ना हमनी के देम सs।
  7. बिहार: हैदराबाद से बिहार पहुंचल मजदूरन के शव, बुध के 11 के जर के भइल रहे मौत।
  8. IPL breaking:- पहिला मैच आज, CSK आ KKR के बीच खेलल जाई मुक़ाबला, पहिला बेर CSK के कप्तानी करिहे जडेजा।
  9. आईपीएल के कप्तानी से धोनी के इस्तीफा। चार बेर CSK के जिता चुकल बाड़े कप। 9 बेर फ़ाइनल पहुंचे के बावे रिकॉर्ड।
  10. फुटबॉल: भारत-बेलारूस दोस्ताना मैच आज, आज भारत के कोसिस जीत हासिल करे के रही।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.