Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ए शहरन से जाए वाला यात्री ध्यान दी!: एसी आ स्लीपर में जनरल कोच जइसन हाल, नइखे मिलत टिकट

137

 

मुंबई जाए वाली महानगरी, कमायनी, एलटीटी-गोरखपुर, गोरखपुर-अहमदाबाद एक्सप्रेस, दरभंगा-एलटीटी आदि ट्रेन भी कैंट स्टेशन से गुजरेली स। हालांकि 5 जुलाई ले ए ट्रेन के कवनो वर्ग में सीट उपलब्ध नईखे। एकरा संगे जनरल कोच के हालत अवुरी गंभीर बा। टीटीई पईसा लेके टिकट बना रहल बा, लेकिन सीट नईखे मिलत।

मुंबई, सूरत अवुरी अहमदाबाद के ओर जाए वाली ट्रेन में भीड़ के चलते यात्री के स्लीपर, थर्ड एसी कोच में सफर करे पs मजबूरी होखेला। आलम ह कि जनरल कोच के तरह स्लीपर आ एसी कोच में भी इहे हाल बा।

स्टेशन पs तैनात टीटीई भी मजबूरी में जाए वाला यात्री से पईसा वसूली करतिया। जनरल कोच में भीड़ के देखत बहुत यात्री सिर्फ स्लीपर कोच में घुसे के टिकट बनावत बाड़े। ट्रेन में टीटीई 1000-1500 रुपया लेके स्लीपर अवुरी थर्ड एसी के वेटिंग टिकट दे रहल बाड़े। एकही कोच में फर्श पs बईठ के यात्री यात्रा करे पs मजबूर बाड़े। ट्रेन के भीतर 6 से सात सीट वाला यात्री भी 500 से 1000 रुपया लेके दोसरा यात्री के टिकट बेचतारे।

टिकट गिरोह 

भले ही आम आदमी के मुंबई जाए वाली ट्रेन में सीट नईखे मिलत, लेकिन टिकट गिरोह 24 से 48 घंटा के भीतर कन्फर्म सीट देवे के इंतजाम करतारे। एकरा बदले टिकट गिरोह प्रति यात्री से आठ सौ से पंद्रह सौ रुपया लेत बाड़े। तत्काल में गिरोह के ई टिकट आसानी से मिल रहल बा। जाँच अभियान चलावल जा रहल बा, दोसरा के टिकट पs सफर करे वाला यात्रियन पs कार्रवाई कइल जाई।

 

 

 

 

 

 

573810cookie-checkए शहरन से जाए वाला यात्री ध्यान दी!: एसी आ स्लीपर में जनरल कोच जइसन हाल, नइखे मिलत टिकट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.