Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अतुल कुमार साहू अध्यक्ष बनलें: दि आयकर बार एसोसिएशन इलाहाबाद के वार्षिक चुनाव परिणाम घोषित, सिद्धार्थ पाठक वरिष्ठ उपाध्यक्ष बनलें

168

दि आयकर बार एसोसिएशन इलाहाबाद के वार्षिक चुनाव 2023-24 खातिर 21 जून के मतदान भइल। मतन के गणना के बाद चुनाव अधिकारी वरिष्ठ अधिवक्ता केएन कुमार परिणाम घोषित कइलें। अध्यक्ष पद पs अतुल कुमार साहू, वरिष्ठ उपाध्यक्ष पद पs सिद्धार्थ पाठक चुनल गइलें।

अजय कुमार शुक्ल उपाध्यक्ष, महामंत्री अरविंद कुमार मिश्र, पवन कुमार मिश्र संयुक्त सचिव, अजय यादव कोषाध्यक्ष पद पs निर्वाचित भइल बा लो। कृष्ण योगेश्वर निवर्तमान अध्यक्ष एक्स ऑफिसियो निर्वाचित भइलें। कार्यकारिणी में अब्दुल अहद, अमित कुमार उपाध्याय, ललित कुमार जायसवाल, पवन मिश्र, संजय जयसवाल, विभूति नारायण चुनल गइल लो।

बार के वरिष्ठ सद्स्य अजीत धवन, आनंद गोडबोले आदि उपस्थित रहल लो। उदय राज तिवारी महामंत्री नव निर्वाचित कार्यकारिणी के बधाई देलें आ चुनाव शांतिपूर्ण तरीका से संपन्न होखला पs चुनाव अधिकारी के धन्यवाद प्रेषित कइलें।

574160cookie-checkअतुल कुमार साहू अध्यक्ष बनलें: दि आयकर बार एसोसिएशन इलाहाबाद के वार्षिक चुनाव परिणाम घोषित, सिद्धार्थ पाठक वरिष्ठ उपाध्यक्ष बनलें

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.