Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

माता-पिता के कहनाम- बेटा हिरासत में बा, पुलिस झूठ बोलत बिया, एसजीपीसी कहलस- गलत तरीका से कार्रवाई

अमृतपाल के महतारी बलविंदर कौर बतवली कि पुलिस उनुका बेटा के फरार होखे के झूठा अफवाह फैलावत बिया।

348

माता-पिता के कहनाम- बेटा हिरासत में बा, पुलिस झूठ बोलत बिया, एसजीपीसी कहलस- गलत तरीका से कार्रवाई

अमृतपाल के महतारी बलविंदर कौर बतवली कि पुलिस उनुका बेटा के फरार होखे के झूठा अफवाह फैलावत बिया। अमृतपाल के पुलिस शनिचर के ही 2 बजे गिरफ्तार क लेले रहे। पुलिस जानबूझ के अमृतपाल के जानकारी परिवार के लोग के नईखे देत, जबकि उ सिर्फ ओ लोग के संगे बाड़े।

कट्टरपंथी अमृतपाल सिंह के पिता तरसेम सिंह बतवले कि पुलिस एगो साजिश के तहत उनुका बेटा के खिलाफ अभियान चलावतिया। अमृतपाल कवनो नाजायज काम नइखन कइले| उ धर्म के उपदेश देके आ अमृतपान करवा कके उ गुरुघर से जोड़त रहले। युवा लोग के नसा छोडवावत रहने|

एकरा चलते नशा के कारोबारी अउरी पुलिस परेशान बाड़न। पुलिस अउरी सरकार अमृतपाल के धर्म अउरी नशा के खिलाफ अभियान के रोकल चाहत रहे। एही कारण से पुलिस राज्य भर में उनुका खिलाफ अभियान चला देले बिया। उ कहले कि पुलिस झूठ बोलतिया कि अमृतपाल फरार हो गईल बाड़े, उ पुलिस के हिरासत में बाड़े।

 

घबराहट के माहौल बनावल ठीक नइखे : धामी

शिरोमणि गुरद्वारा प्रबंधक कमेटी के अध्यक्ष हरजिंदर सिंह धामी के कहना बा कि पंजाब सरकार आ पुलिस जवना तरह से अमृतपाल सिंह का खिलाफ कार्रवाई करत बिया ऊ गलत बा| राज्य में दहशत के माहौल बन रहल बा। जवना आदमी के खिलाफ पुलिस केस दर्ज होखे, ओकरा बाद ओकरा गिरफ्तारी खातीर कानून के मुताबिक नियम तय कईल जाला। अगर अमृतपाल पुलिस हिरासत में बाड़े त कानून के मुताबिक उनुका परिवार के सबकुछ बतावे के चाही।

साभार- अमर उजाला

 

484950cookie-checkमाता-पिता के कहनाम- बेटा हिरासत में बा, पुलिस झूठ बोलत बिया, एसजीपीसी कहलस- गलत तरीका से कार्रवाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.