[the_ad_group id="30365"]

IND W vs PAK W Playing 11 : लगातार दूसरका आईसीसी खिताब खातिर उतरी भारतीय टीम, फुलमाली के मिल सकेला मवका

IND W vs PAK W T20 World Cup Bharat Pakistan Mahila Cricket Match
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय महिला क्रिकेट टीम अतवार के आईसीसी टी20 विश्व कप में आपन अभियान के सुरुआत करे उतरी। पहिला मुकाबला में भारत के सामना चिर प्रतिद्वंद्वी पाकिस्तान से होई। ग्रुप-1 के एह मुकाबला में भारतीय टीम जीत के संगे टूर्नामेंट के आगाज करे के कोसिस करी।

भारत आ पाकिस्तान के बीच महिला टी20 क्रिकेट में अब तक भारत के पलड़ा भारी रहल बा। हालांकि हरमनप्रीत कौर के अगुवाई वाली टीम कवनो गलती ना करत एकतरफा जीत दर्ज करे के लक्ष्य से मैदान में उतरी।

भारत-पाकिस्तान हेड टू हेड रिकॉर्ड

भारत आ पाकिस्तान के बीच अब तक 16 टी20 मुकाबला खेलल गइल बा। एमे भारतीय महिला टीम 13 मैच जीतले बिया, जबकि पाकिस्तान के खाता में खाली तीन जीत बा।

टी20 विश्व कप में दुनो टीम के बीच आठ बेर मुकाबला भइल बा, जवना में भारत छव बेर जीत हासिल कइले बा आ पाकिस्तान के टीम दू बेर जीत पवले बिया। 2024 टी20 विश्व कप में भारत आ पाकिस्तान आमने-सामने आइल रहे, जवना में भारतीय टीम छव विकेट से जीत हासिल कइले रहे।

मंधाना-शेफाली से मजबूत सुरुआत के उम्मेद

पाकिस्तान के खिलाफ भारतीय टीम के सलामी बल्लेबाज स्मृति मंधाना आ शेफाली वर्मा से सानदार सुरुआत के उम्मेद रहे। मंधाना ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ 82 रन के पारी खेलला के बाद पिछिला कुछ मैच में उम्मेद के मोताबिक प्रदर्शन ना कs पवली, जबकि शेफाली लगातार बेहतर सुरुआत के तलाश में बाड़ी।

कप्तान हरमनप्रीत कौर दक्षिण अफ्रीका आ इंग्लैंड के खिलाफ अर्धशतक लगाके फॉर्म में वापसी कइले बाड़ी, जवन टीम खातिर सकारात्मक संकेत बा। मध्यक्रम में जेमिमा रॉड्रिग्स, ऋचा घोष आ भारती फुलमाली पs रन बनावे के जिम्मेदारी रही। टीम भारती फुलमाली के प्लेइंग-11 में मवका दे सकेले।

जीत से बढ़ी टीम के हौसला

पिछिला साल वनडे विश्व कप जीते वाली भारतीय टीम अब लगातार दूसरका आईसीसी खिताब जीते के लक्ष्य में बा। पाकिस्तान के खिलाफ सानदार रिकॉर्ड टीम के आत्मविश्वास बढ़ावेला।

पहिला मुकाबला में जीत मिलला से भारतीय टीम के मनोबल बढ़ी। हालांकि भारत के ग्रुप में ऑस्ट्रेलिया आ दक्षिण अफ्रीका जइसन मजबूत टीम सामिल बाडी सs। राहत के बात ई बा कि पिछिला वनडे विश्व कप विजेता टीम के जादेतर खिलाड़ी टी20 विश्व कप टीम में सामिल बाड़ी।

भारत के संभावित प्लेइंग-11

स्मृति मंधाना, शेफाली वर्मा, यास्तिका भाटिया, हरमनप्रीत कौर (कप्तान), जेमिमा रॉड्रिग्स, ऋचा घोष (विकेटकीपर), दीप्ति शर्मा, भारती फुलमाली, श्रेयंका पाटिल, क्रांति गौड़, रेणुका सिंह।

पाकिस्तान के संभावित प्लेइंग-11

मुनीबा अली (विकेटकीपर), गुल फिरोजा, आयशा जफर, आलिया रियाज, फातिमा सना (कप्तान), इराम जावेद, नतालिया परवेज, तुबा हसन, डियाना बेग, नाशरा संधू, सादिया इकबाल।

Read Also: Indian Army Chief : लेफ्टिनेंट जनरल धीरज सेठ होइहें नया सेना प्रमुख, जनरल उपेंद्र द्विवेदी के जगह लिहें जिम्मेदारी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]