14 जून 2026 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 14, 2026

दिनांक- 14/06/2026 श्री गणेशाय नमः आज के पंचांग ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष तिथि– चतुर्दशी दिन के 12 बजके 20 मिनट ले, ओकरा बाद अमावस्या। दिन- अतवार। रोहिणी नक्षत्र रात के 01 बजके 13 मिनट ले, ओकरा

Share

Rashifal : राशिफल

दिनांक- 14/06/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष

तिथि– चतुर्दशी

दिन के 12 बजके 20 मिनट ले,

ओकरा बाद अमावस्या।

दिन- अतवार।

रोहिणी नक्षत्र

रात के 01 बजके 13 मिनट ले,

ओकरा बाद म्रृगशीर्षा नक्षत्र।

धृति जोग

दिन के 01 बजके 15 मिनट ले,

ओकरा बाद शूल जोग।

शकुनि करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 15/06/2026

ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष

तिथि- अमावस्या

दिन के 08 बजके 23 मिनट ले।

दिन- सोमार।

म्रृगशीर्षा नक्षत्र

सांझ के 07 बजके 08 मिनट ले।

शूल जोग

दिन के 08 बजके 55 मिनट ले।

नाग करण।

 

आज के राशिफल

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज राउर आत्मविश्वास बढ़ी। कामकाज में नया जिम्मेदारी मिल सकेला। आर्थिक ममिलन में सोच-समझके फैसला लीं। परिवार के संगे समय बितावे के मवका मिली।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)

आज मेहनत के अच्छा परिणाम मिले के संकेत बा। नौकरी आ बेयपार में तरक्की के अवसर मिल सकत बा। खर्चन पs नियंत्रण रखल फायदेमंद रही।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज बातचीत के माध्यम से कइयन गो समस्यन के समाधान हो सकेला। नया लोगन से मुलाकात लाभदायक रही। स्वास्थ्य के लेके लापरवाही मत करीं।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज भावनन पs नियंत्रण रखीं। परिवार से जुड़ल कवनो महत्वपूर्ण फैसला लेवे के पड़ सकेला। कार्यक्षेत्र में धैर्य बना के रखीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज नेतृत्व क्षमता में बढ़न्ती होई। नौकरी आ बेयपार में सफलता के जोग बा। समाज में मान-सम्मान बढ़ सकत बा।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज योजनन के पूरा करे के अच्छा समय बा। धन से जुड़ल ममिलन में सावधानी बरतीं। स्वास्थ्य सामान्य रही।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज रिश्तन में मधुरता आई। साझेदारी के काम में सफलता मिल सकेला। जतरा के योजना बन सकेला।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज कवनो पुराने काम में सफलता मिल सकेला। आर्थिक इस्थिति मजबूत होखला के संकेत बा। खीस पs नियंत्रण रखीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज भाग्य के साथ मिली। शिक्षा आ करिअर से जुड़ल लोगन के अच्छा अवसर मिल सकेला। नया काम सुरू करे खातिर दिन अच्छा बा।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज मेहनत आ अनुशासन से सफलता मिली। नौकरी में बदलाव के विचार आ सकेला। परिवार के सहजोग मिली।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज रचनात्मक कामन में रुचि बढ़ी। धन लाभ के अवसर मिल सकेला। सामाजिक जिनगी में सक्रियता बढ़ी।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज मन शांत रही आ सकारात्मक ऊर्जा महसूस होई। करिअर में आगे बढ़े के मवका मिल सकेला। निवेश में सावधानी रखीं।

Read Also: UP News : ऊर्जा मंत्री के आरोप के बाद सीएम योगी बिजली विभाग के संगे करिहें बैठक, दरन पs हो सकेला फैसला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.