[the_ad_group id="30365"]

खालिस्तान समर्थक अमृतपाल सिंह के गिरफ्तार कर लिहल गइल, पंजाब के कुछ जिला में इंटरनेट बंद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

खालिस्तान समर्थक अमृतपाल सिंह के गिरफ्तार कर लिहल गइल, पंजाब के कुछ जिला में इंटरनेट बंद


खालिस्तान के समर्थक अमृतपाल सिंह अउरी उनुका बहुत सहयोगी के हिरासत में लिहल गईल बा। एकरा संगे पंजाब के बहुत जिला में रविवार के आधा रात के 12:00 बजे तक इंटरनेट सेवा बंद क दिहल गईल बा।
पंजाब पुलिस ‘वारिस पंजाब दे ‘प्रमुख अमृतपल सिंह आ उनुका साथियन के हिरासत में ले लिहले बिया| एकरा संगे पंजाब के बहुत जिला में अतवार के आधा रात के 12:00 बजे तक इंटरनेट बंद सेवा बंद क दिहल गईल बा। बतावल जा रहल बा। गिरफ्तार लोग के लगे से पुलिस हथियार अउरी 2 गाड़ी बरामद कईले बिया। अमृतपाल सिंह के खिलाफ तीन गो मामिला दर्ज बा जवना में से दू गो हेट स्विच से जुड़ल बा| एकरा से पहिले पंजाब पुलिस अमृतपाल सिंह के 6 सहयोगी के हिरासत में लेवे के सूचना देले रहे। जबकि अमृतपाल सिंह फरार हो गईल रहले, जवना के बाद उनुका के हिरासत में ले लिहल गईल। मीडिया रिपोर्ट में सूत्र के हवाला से बतावल जाता कि अमृतपाल सिंह के गिरफ्तारी से माहौल ना खराब होखे , एहसे नेट सेवा बंद क दिहल गईल बा।

साभार- दैनिक भास्कर

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]