[the_ad_group id="30365"]

IND vs AFG : भारत बनाम अफगानिस्तान  पहिला वनडे आज, कब आ कहां देखी लाइव मैच?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। धर्मशाला में आज भारतीय क्रिकेट टीम अफगानिस्तान के खिलाफ वनडे सीरीज के पहिला मुकाबला खेले जा रहल बिया। ई सीरीज भारत के 2026 में होखे वाला वनडे वर्ल्ड कप के तइयारी के लिहाज से बहुते अहम मानल जा रहल बा। टीम इंडिया एह सीरीज से अपना संयोजन आ खिलाड़ियन के फिटनेस के जांच करे के कोसिस करीं।

रोहित शर्मा पs रही सबकेहू के नजर

रोहित शर्मा के मैच फिटनेस पs सब केहू के नजर टिकल बा। आईपीएल के दौरान मांसपेशी में खिंचाव के चलते ऊ 5 मैच से बाहर रहलें। चोट से वापसी के बाद ऊ फिल्डिंग ना कइले रहस, अब ऊ एह मैच में बल्लेबाजी आ फिल्डिंग दुनो से अपना फिटनेस साबित करे के कोसिस करिहें।

विराट कोहली आ हार्दिक पंड्या बाहर

विराट कोहली आईपीएल फाइनल में चोटिल हो गइल रहलें, एह चलते ऊ एह सीरीज में हिस्सा नइखन लेत। हार्दिक पंड्या सीरीज सुरू होखे से पहिले बाहर हो गइल बाड़ें। एह इस्थिति में नीतीश कुमार रेड्डी पs सब केहू के धेयान होई। टीम में तीन अनकैप्ड खिलाड़ी- हर्ष दुबे, गुरनूर बराड़ आ प्रिंस यादव के मवका मिलल बा।

मैच कब आ कहां होई?

भारत आ अफगानिस्तान के बीच पहिला वनडे 13 जून (सनिचर) के खेलल जाई। ई मैच धर्मशाला के हिमाचल प्रदेश क्रिकेट एसोसिएशन स्टेडियम में होई। मुकाबला डे-नाइट होई आ भारतीय समय अनुसार दूपहरिया 1:30 बजे से सुरुआत होई।

लाइव मैच कहां देखल जा सकी?

फैंस एह मैच के लाइव टेलीकास्ट स्टार स्पोर्ट्स नेटवर्क पs देख सकत बा लाेग। जबकि लाइव स्ट्रीमिंग जियोहॉटस्टार पs उपलब्ध होई।

भारत आ अफगानिस्तान के टीम

भारत: रोहित शर्मा, शुभमन गिल (कप्तान), यशस्वी जायसवाल, ईशान किशन, श्रेयस अय्यर, केएल राहुल (विकेटकीपर), वॉशिंगटन सुंदर, नीतीश कुमार रेड्डी, हर्ष दुबे, कुलदीप यादव, अर्शदीप सिंह, गुरनूर बराड़, प्रसिद्ध कृष्णा, प्रिंस यादव।

अफगानिस्तान: रहमानुल्लाह गुरबाज, इब्राहिम जादरान, सेदिकुल्लाह अटल, हशमतुल्लाह शाहिदी (कप्तान), रहमत शाह, इकराम अलीखिल (विकेटकीपर), अजमतुल्लाह उमरजई, मोहम्मद नबी, राशिद खान, नांगेयालिया खरोती, एएम गजनफर, बिलाल सामी, दरविश रसूली, फरीद अहमद मलिक, जिया उर रहमान शरीफी।

Read Also: West Bengal : अभिषेक बनर्जी के घरे भोर में पुलिस के छापा, टीएमसी लगवलस ताला तुड़े के आरोप

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]