Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पं० जवाहर लाल नेहरू जन्मदिन: सोनिया गांधी अउर खरगे देहलें पंडित नेहरू के श्रद्धांजलि, पीएम मोदी कइलें ट्वीट

300
देश आजु पहिले प्रधानमंत्री जवाहर लाल नेहरू के जयंती मना रहल बा। एह खास मौका पर कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे अउर सोनिया गांधी उनके श्रद्धांजलि अर्पित कइली। दूनों नेता लोग नेहरू के समाधि स्थल शांति वन पहुंचल अउर उनके पुष्प अर्पित कइल। कांग्रेस पार्टी  ट्विटर पर एह मौका के तस्वीर साझा करत लिखलस, भारत के विकास में पंडित जवाहरलाल नेहरू जी के योगदान खातिर राष्ट्र उनके स्मरण कs रहल बा।

एकरे अलावा पार्टी के ओर से पंडित नेहरू के एगो वीडियो भी ट्वीट कइल गइल बा। एह पर लिखल गइल बा, बचवे बाग में खिलल ओह कली खानि होनें जिनकर परवरिश बहुत प्यार अउर नरमी से करे के चाहीं। कुछ अइसने रहनें देश के प्रथम प्रधानमंत्री पंडित श्री जवाहरलाल नेहरू चाहें ई कहल जाव बच्चों के ‘चाचा नेहरू’।

पीएम मोदी भी देहलें श्रद्धांजलि 

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी भी पंडित नेहरूर के श्रद्धांजलि अर्पित कइलें। ऊ एगो ट्वीट में लिखलें, हमनीके पूर्व प्रधानमंत्री पंडित जवाहर लाल नेहरू जी के जयंती पर कोटि-कोटि नमन। हमनीके राष्ट्र खातिर उनके योगदान के याद करsतनी जा।

राहुल गांधी कइलें भावुक ट्वीट 

एह मौका पर राहुल गांधी भी पंडित नेहरू के याद कइलें। ऊ लिखलें, के ह भारत माता? वह विशाल भूमि में फइलल भारतवासी सबसे ज्यादा मायने रखेने। भारतमाता इहे करोड़-करोड़ जनता ह। पं नेहरू के एनही के लोकतांत्रिक, प्रगतिशील अउर धर्मनिरपेक्ष मूल्यन के दिल में ले के चल रहल बा, ‘हिन्द के जवाहर’ के भारत माता के रक्षा खातिर बा।

379040cookie-checkपं० जवाहर लाल नेहरू जन्मदिन: सोनिया गांधी अउर खरगे देहलें पंडित नेहरू के श्रद्धांजलि, पीएम मोदी कइलें ट्वीट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.