Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पद्म भूषण पालोनजी  मिस्त्री के 93 साल के उम्र में निधन

एतना देश में धंधा पसरल बा

389

शापूरजी पालोनजी  ग्रुप के चेयरमैन पद्म भूषण पालोनजी  मिस्त्री के 93 बरिस के उमिर में मुंबई में निधन हो गइल बा. पोलानजी साइरस मिस्ट्री के पिता रहले, जे टाटा सन्स के अध्यक्ष रहले। मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक मुंबई में 93 साल के उमर में उनुकर निधन हो चुकल बा।

हम बता दीं कि शापूरजी पालोनजी  ग्रुप के बिजनेस इंजीनियरिंग, निर्माण, बुनियादी ढांचा, रियल एस्टेट, जल ऊर्जा आ वित्तीय सेवा के क्षेत्र में फइलल बा. एह ग्रुप में करीब 50,000 कर्मचारी बाड़े। कंपनी के ओर से कहल जाता कि इ समूह दुनिया के 50 देश में कारोबार करता।

पालोनजी  मिस्त्री के जनम एगो पारसी परिवार में भइल रहे। उ 2003 में आयरिश नागरिकता भी लेले रहले। साल 2016 में उनुका के पद्मभूषण से सम्मानित कईल गईल रहे। उनुका पीछे पत्नी पस्ती पेरिन दुबास अवुरी चार बच्चा शापूर मिस्त्री, साइरस मिस्त्री (बेटा) जबकि लैला मिस्त्री अवुरी आलू मिस्त्री (बेटी) बाड़े। उनकर बेटा साइरस मिस्ट्री 2012 से 2016 तक टाटा ग्रुप के अध्यक्ष रहले।

उद्योगपति पालोनजी  मिस्त्री के निधन के बाद केंद्रीय मंत्री स्मृति ईरानी भी उनुका के श्रद्धांजलि देत ट्वीट कईले बाड़ी। ऊ पालोनजी  मिस्त्री के विद्वता आ काम के प्रति कोमलता के सराहना कइले बाड़न.

282630cookie-checkपद्म भूषण पालोनजी  मिस्त्री के 93 साल के उम्र में निधन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.