Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

522
  1. बिहार: मानसुन सत्र- बिहार विधानसभा में दुपहरिया बाद सुरु भइल कार्यवाही से जदयुओ रहल बाहर, सदन में ना भइल शामिल।
  2. बिहार: तिलकामांझी भागलपुर विश्वविद्यालय के VC 6 महीना से गायब! यूनिवर्सिटी में ढ़ोल पीटके खोजल गइल।
  3. उत्तर प्रदेश: आजमगढ़ आ रामपुर में विकास कार्यन के मिली गति, मुख्यमंत्री बोलले- तइयार कइल जाव आजमगढ़ के संगीत साधकन के हित के प्रस्ताव।
  4. उत्तर प्रदेश: योगी कैबिनेट के बैठक खतम, 14 प्रस्तावन के मिलल मंजूरी।
  5. झारखंड: हेमन्त सोरेन खुदे कोर्ट में हाजिर होखस, अदालत से ना मिलल राहत, आचार सहिंता में बढ़ल मुस्किल।
  6. लालू परिवार के नइखी छोड़ल चाहत बहू ऐश्वर्या! कोर्ट में कहली- तेज प्रताप के साथे रहे में दिक्कत नइखे, समझौता ला बनल कमेटी।
  7. उदयपुर में नूपुर शर्मा के समर्थक के गर काट के हत्या: कपड़ा के नाप देवे के बहाने आइल रहले हत्यारा, हत्या के वीडियो तक बनल।
  8. 30 साल के आकाश अंबानी के जियो के कमान: 65 साल के मुकेश अंबानी के डायरेक्टर पद से इस्तीफा, रिलायंस में उत्तराधिकार के प्रक्रिया तेज।
  9. आल्ट न्यूज़ के को-फाउंडर के 4 दिन के कस्टडी: पुलिस बोलल- जांच में सहयोग नइखे करत जुबेर, धार्मिक भावना भड़कावे के बा आरोप।
  10. भारत-आयरलैंड सीरीज: आज दुसरका टी-20 मैच 9 बजे से, भारत बा सीरीज में 1-0 से आगे।
283110cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.