Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पाकिस्तान में सियासी घमासान में इमरान के खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव टरले पर भड़कल विपक्ष

कहनाम बा कि स्पीकर इमरान खान के कठपुतली बन गइल बानें

119
सीवान इन्शुरेंस 720 90

पाकिस्तान में इमरान खान सरकार के खिलाफ शुक्रवार के अविश्वास प्रस्ताव पेश नाइ हो पावल। संसद के विशेष सत्र शुरू होखले के 10 मिनट बादे खत्म हो गइल। अइसन एगो सांसद के निधन के वजह से भइल। विशेष सत्र सांसद के मौत पर शोक जता के खतम कs देहल गइल। अब संसद के कार्यवाही 28 मार्च के शुरू होई।

उहवें, विपक्ष संसद के स्पीकर असद कैसर पs गंभीर आरोप लगवलस। सदन के कार्यवाही स्थगित होखले के बाद विपक्षी पार्टी पाकिस्तान मुस्लिम लीग (PML-N) के नेता शहबाज शरीफ स्पीकर असद कैसर के इमरान खान के कठपुतली बता देहनें।

पाकिस्तान के विदेश मंत्री शाह महमूद कुरैशी शुक्रवार के पाकिस्तान पीपुल्स पार्टी (PPP) के दावा के नकार देहले बाने। इसमें PPP कहले रहल कि मुत्ताहिदा कौमी मूवमेंट-पाकिस्तान (MQM-P) इमरान खान के बाहर कइले के प्रस्ताव के पक्ष में वोटिंग करी।

231920cookie-checkपाकिस्तान में सियासी घमासान में इमरान के खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव टरले पर भड़कल विपक्ष

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.