भोर के 10 बड़हन खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 26, 2022

योगी 2.0 में देवरिया के मिलने दू मंत्री। गोरखपुर में एक्के संगे मनल होली अउर दीपावली, चलेला जब चाप के बाबा के बुलडोजर…गाना पs झूम के नाचल लोग। युद्ध के 31वें दिन रूस के दावा-

Share

  1. योगी 2.0 में देवरिया के मिलने दू मंत्री।
  2. गोरखपुर में एक्के संगे मनल होली अउर दीपावली, चलेला जब चाप के बाबा के बुलडोजर…गाना पs झूम के नाचल लोग।
  3. युद्ध के 31वें दिन रूस के दावा- यूक्रेन में हमनीके मिलिट्री ऑपरेशन के पहिला फेज खत्म भइल; अब फोकस डोनबास पs।
  4. चीन में कोरोना वैक्सीन बेकार, लाखों डोज लगवले के बावजूद लगावे के पड़ रहल बा लॉकडाउन।
  5. सुप्रीम कोर्ट कहलस, आयुर्वेदिक डाक्टरन के मीले के चाहीं एलोपैथी डाक्टरन जेतना तनखाह।
  6. सुप्रीम कोर्ट कहलस, बेटी अगर रिश्ता तोड़ दे, त पिता के संपत्ति में हिस्सा नाइ मीली।
  7. अनिल अंबानी छोड़ देहनें रिलायंस पावर अउर रिलायंस इन्फ्रा के डायरेक्टर के पद।
  8. 1971 में अजुए के दिन शेख मुजीब-उर-रहमान कइले रहने बांग्लादेश के आजाद घोषित। स्वतंत्रता दिवस के रूप में मनावल जाला आजु के दिन।
  9. आजु से लगातार चार दिन बंद रही बैंक, 28 अउर 29 मार्च के कर्मचारी यूनियन के रही हड़ताल
  10. IPL आजु से शुरू, पहिला बेर जडेजा के कप्तानी में खेली चेन्नई, आजु कोलकाता से मुकाबला।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.