नवरात्र में मांस पर प्रतिबंध : ओवैसी PM मोदी के घेरने

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 5, 2022

नौ दिन ले चले वाला नवरात्रि उत्सव के दौरान भाजपा शासित दक्षिणी दिल्ली नगर निगम (एसडीएमसी) द्वारा मांस के दुकान के बंद करे के कार्रवाई के लेके एआईएमआईएम (AIMIM) के अध्यक्ष असदुद्दीन ओवैसी (AIMIM Chief Asaduddin Owaisi)

Share

नौ दिन ले चले वाला नवरात्रि उत्सव के दौरान भाजपा शासित दक्षिणी दिल्ली नगर निगम (एसडीएमसी) द्वारा मांस के दुकान के बंद करे के कार्रवाई के लेके एआईएमआईएम (AIMIM) के अध्यक्ष असदुद्दीन ओवैसी (AIMIM Chief Asaduddin Owaisi) प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के घेरले बाने। दरअसल एसडीएमसी के मेयर मुकेश सूर्यान सोमवार के नगर निगम के आयुक्त के पत्र लिख के नवरात्रि उत्सव के दौरान उनके अधिकार क्षेत्र में आवे वाला मांस के दुकानन के बंद कइले खातिर आवश्यक कार्रवाई करे के कहले रहने।

दक्षिणी दिल्ली नगर निगम के मेयर की चिट्ठी पs AIMIM नेता ओवैसी तीखा प्रतिक्रिया देत ट्वीट कs के कहने, “मोदी बड़ उद्योगपतियन खातिर ईज ऑफ डूइंग बिजनेस अउर अपने वैचारिक गुर्गन खातिर कट्टरता में ईज ऑफ डूइंग चाहत बाने। मांस के दुकान बंद कइले से होखे वाला नुकसान के भरपाई के करी? मांस अशुद्ध नाइ बा, ई सिर्फ लहसुन चाहे प्याज जइसने भोजन बा। अगर लोग मीट खरीदल नाइ चाहतने त सिर्फ 99% नाइ 100% लोगों के लग्गे मांस नाइ खरीदले के विकल्प बा।”

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.