राष्ट्रपति कोविंद पहुचलें नीदरलैंड

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 5, 2022

राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद दू देश के अपने यात्रा के आखिरी चरण में सोमवार के एम्सटर्डम पहुँचले। ई 34 साल के अंतराल में कौनो भारतीय राष्ट्रपति के नीदरलैंड के पहिला यात्रा बा। एह दौरान ऊ यूरोपीय

Share

राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद दू देश के अपने यात्रा के आखिरी चरण में सोमवार के एम्सटर्डम पहुँचले। ई 34 साल के अंतराल में कौनो भारतीय राष्ट्रपति के नीदरलैंड के पहिला यात्रा बा। एह दौरान ऊ यूरोपीय देश के शीर्ष नेतृत्व के संगे चर्चा करिहें।

कोविंद तुर्कमेनिस्तान से इहवाँ पहुँचले। तुर्कमेनिस्तान में ऊ अपने समकक्ष सर्दार बर्दीमुहामेदोव के संगे बातचीत कइने अउर दूनों पक्ष बहुआयामी साझेदारी के अउर मजबूत करे खातिर द्विपक्षीय व्यापार अउर ऊर्जा सहयोग के विस्तार कइले पर सहमत भइने। ऊ स्वतंत्र तुर्कमेनिस्तान के यात्रा करे वाले पहिला भारतीय राष्ट्रपति बाने। राष्ट्रपति के नीदरलैंड यात्रा 1988 में राष्ट्रपति वेंकटरमन के यात्रा के 34 साल बाद हो रहल बा। नीदरलैंड के नरेश विलेम अलेक्जेंडर अउर रानी मैक्सिमा के निमंत्रण पर चार से सात अप्रैल ले के देश के अपने यात्रा के दौरान राष्ट्रपति कोविंद अलेक्जेंडर अउर मैक्सिमा के संगही प्रधानमंत्री मार्क रूट के संगे चर्चा करिहें।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.