Israel: नेतन्याहू के नया सरकार आज ले सकत बिया शपथ, पिछला महीना स्पष्ट चुनावी जीत हासिल कइले रहे 

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 29, 2022

इस्राइल के मनोनीत पीएम बेंजामिन नेतन्याहू अपना राजनीतिक वापसी के दिशा में अंतिम डेग उठावत बुध के सहयोगी दलन के संगे गठबंधन समझौतन के अंतिम रूप देलें। संभावना बा कि रिकॉर्ड छठा कार्यकाल सुरू करे

Share

इस्राइल के मनोनीत पीएम बेंजामिन नेतन्याहू अपना राजनीतिक वापसी के दिशा में अंतिम डेग उठावत बुध के सहयोगी दलन के संगे गठबंधन समझौतन के अंतिम रूप देलें। संभावना बा कि रिकॉर्ड छठा कार्यकाल सुरू करे खातिर नेतन्याहू के नया सरकार बियफे के शपथ ग्रहण करी। राष्ट्रवादी आ धार्मिक दलन के संगठन पिछला महीना स्पष्ट चुनावी जीत हासिल कइले रहली सs।

इस्राइल के सबसे जादे समय तक प्रधानमंत्री रहे वाला नेतन्याहू नया कार्यकाल सुरू करे से पहिले देस आ बिदेस में एह आशंका के दूर करे के कोसिस कइले बाड़े कि उनकर सरकार अल्पसंख्यक अधिकारन के खतरा में डाली, न्यायपालिका के नुकसान पहुंचाई आ फलस्तीनियन के संगे संघर्ष के बढ़ाई। बिदेसन में बयानन आ साक्षात्कारन में नेतन्याहू बेर-बेर कहले बाड़ें कि ऊ नागरिक अधिकारन के रक्षा करिहें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.