Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

हमार टैटू बिगड़ गइल… सपना उजड़ गईल हादसा में घायल खेसारी लाल के ‘दीवानी’ के अलगे बा कहानी, घाव के दरद नईखे

बस के नीचे हाथ फंसला से गम्हीर रूप से जख्मी भईल महिला के घाव के दरद से बेसी टैटू खराब होखे के दुख लउकल। महिला बोलल कि सोचलें रहीं कि भोजपुरी स्टार से मिलला पs बेटियन के बियाह खातिर मदद मांगब।

918

हमार टैटू बिगड़ गइल… सपना उजड़ गईल हादसा में घायल खेसारी लाल के ‘दीवानी’ के अलगे बा कहानी, घाव के दरद नईखे

बस के नीचे हाथ फंसला से गम्हीर रूप से जख्मी भईल महिला के घाव के दरद से बेसी टैटू खराब होखे के दुख लउकल। महिला बोलल कि सोचलें रहीं कि भोजपुरी स्टार से मिलला पs बेटियन के बियाह खातिर मदद मांगब।

उत्तर प्रदेश के बदायूं जिला के रहे वाली 40 बरिस के गुड्डीयो हरियाणा के अंबाला के शहजादपुर के गांव कक्कड़ माजरा में भईल डबल डेकर बस दुर्घटना के शिकार बनलीं। हादसा के बेरा उनकर हाथ बसवे में फंसल रही गईल रहे, जवना के राहगीर लोग बड़ा कड़ा मशक्कत के बाद बहरी निकलले।एह दउरान महिला के हाथ पs बनल टैटू बिगड़ गइल। एकरा बादे उ चीला चीला के रोवे लागल। खास बात ई रहे कि ओकरा घायल होखे आ ओकर दरद के अहसास ना रहे, बाकिर हाथ पs बनल टैटू के बिगड़ला के गम रहे, जवना से ओकर सपना जुड़ल रहे।

गुड्डी बतावत बाड़ी कि उनकर पति शराब के बड़ा बेकार लत के सिकार बाड़े। ऊ अक्सरहां ओकरा आ बेटियन के मारत रहेला। घर के माली हालत सही ना होखला के कारने उ अपना बेटी शिवानी आ आशू को पढ़ा ना पवली। दूसरा घरन में काम कईके ऊ अपना परिवार को पालत रहली । जब पति के अत्याचार बढ़ गइल तs उ हिमाचल प्रदेश के बद्दी में फैक्टरी में काम तलाश लिहली। एकरा बाद बेटियन के लेई के उ डबल डेकर बस में बरेली से सवार भईल रहे।

ओकर सपना रहे कि बेटियन के धूमधाम से बियाह करित। ओकरा अनुसार, उ सुनलें रहे कि भोजपुरी गायक खेसारी लाल यादव गरीब बेटियन के बियाह में मदद करे ले । एह से उ खेसारी लाल के बड़का फैन रहली। उ अपना हाथ पs खेसारी लाल यादव के एक टैटूयो हिमाचल प्रदेश में बनववले रहे।

 

सोचले रहे कि जब उ खेसारी लाल से मिली तs टैटू के देखाई के आपन भावना उनका से बताइत आ बेटियन के बियाह खातिर मदद मांगीत, बाकिर ई बस हादसा बुला ओकरा सपना पs पानी फेर देले बा। दुर्घटना में बस के नीचे हाथ दबइला से न खाली उ गंभीर रूप से जखमी भईल बाकिर ओकर टैटूयो खराब हो गईल। घटनास्थल से लेके अस्पताल तक ऊ खूब फफक फफक के रअत रहल आ कहत रहे कि हमर टैटू बिगड़ गइल। ई देख के हर कोई हैरान रहे|

सभार- अमर उजाला

475880cookie-checkहमार टैटू बिगड़ गइल… सपना उजड़ गईल हादसा में घायल खेसारी लाल के ‘दीवानी’ के अलगे बा कहानी, घाव के दरद नईखे

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.