[the_ad_group id="30365"]

छव दोस्तन के दर्दनाक मौत: जन्मदिन के पार्टी के बाद लवटत रहे लो, डंपर कार के टक्कर मारके 100 मीटर तक घसीटलस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गुरुग्राम-फरीदाबाद रोड पs बियफे देर रात सड़क हादसा में छव युवकन के मौत हो गइल। सभे पलवल के कैंप इलाका के रहे वाला रहे। सभे रात करीब डेढ़ बजे गुरुग्राम से जन्मदिन के पार्टी कs के लवटत रहे लो, तबे युवकन के कार के क्रशर से भरल एगो डंपर टक्कर मार देलस।

आरोपी चालक टक्कर मरला के बादो डंपर रोकला के बजाय भगावत रहल। सबे युवक कार सहित डंपर के अगिला पहियन के बीच में फंस गइल लो। करीब 100 मीटर तक घसीटल गइला के कारण कार के परखच्चा उड़ गइल आ सभे युवकन के मवके पs मौत हो गइल। सूचना पाके मांगर चौकी आ धौज थाना पुलिस मवका पs पहुंचके शव के कार से बाहर निकालल।

आरोपी डंपर चालक मवका से फरार हो गइल। पुलिस डंपर कब्जा में ले लेले बिया। मृतकन के पहचान पलवल इस्थित जवाहर नगर कैंप निवासी विशाल सेठी (18), पुनीत (27), बलजीत (27), जतिन (26), संदीप (28) आ आकाश उर्फ नोनी (29) के रूप में भइल बा। सभे गुरुग्राम से पलवल जात रहे।

सभे दोस्त रहे लो आ जवाहर नगर कैंप में रहत रहे लो। थाना धौज प्रभारी इंस्पेक्टर सतीश डागर बतवलें कि ऊ सूचना मिलला के कुछ देर बादे मवका पs पहुंच गइल रहस। कार बुरा तरे से क्षतिग्रस्त हो चुकल रहे आ सब युवकन के शव कार में फंसल रहे। पुलिस गैस कटर आ आउर उपकरणन से कार के काटके सभे के बाहर निकालल।

अस्पताल में डॉक्टर लोग सभे के मृत घोषित कs दिहल। आरोपी डंपर चालक कार के कई मीटर तक घसीटलस। जानकारी मिलतही पुलिस आसपास नाकाबंदी कs देलस। खुद के फंसत देख आरोपी चालक घटनास्थल से करीब दु किलोमीटर दूर डंपर छोड़के फरार हो गइल।

एगो दोस्त जाये से कs देले रहे इंकार

परिजन लोग बतावल, सभे युवक जन्मदिन के पार्टी में जाये के बात कहके निकलल रहे लोग। मृतकन के एगो दोस्त रिंकू पलवल में उनका घर के लगे रहत बा। बियफे के ओकर जन्मदिन रहे। दोस्त चाहत रहे लो कि सब केहू गुरुग्राम में पार्टी करे बाकिर रिंकू जाये से मना कs देलस। एह पs सभे केक मंगाके पलवल में पार्टी कs लेले रहे। एकरा बाद रिंकू के अलावे सब दोस्त कार से गुरुग्राम निकल गइल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]