[the_ad_group id="30365"]

Musafir Cafe : नेटफ्लिक्स पs छा गइल 8 एपिसोड के रोमांटिक सीरीज, IMDb पs 7.1 रेटिंग, बेस्टसेलर किताब पs आधारित बा कहानी

Musafir Cafe OTT Series Streaming on Netflix with IMDb 7.1 Rating
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एंटरटेनमेंट डेस्क। “मुसाफिर कैफे” वेब सीरीज रिलीज होखते दर्शकन के दिल जीत लेले बा। 24 जुलाई से नेटफ्लिक्स पs स्ट्रीम हो रहल ई 8 एपिसोड वाला रोमांटिक वेब सीरीज रिलीज के 24 घंटा के भीतर ट्रेंडिंग लिस्ट में नंबर-1 पs पहुंच गइल बा। खास बात ई बा कि ई सीरीज चर्चित लेखक दिव्य प्रकाश दुबे के बेस्टसेलर उपन्यास ‘मुसाफिर कैफे’ पs आधारित बा। IMDb पs एह सीरीज के 7.1 रेटिंग मिलल बा, जवना से एकर लोकप्रियता आउर बढ़ गइल बा।

बेस्टसेलर उपन्यास पs बनल बा ‘मुसाफिर कैफे’

करीब 10 साल पहिले प्रकाशित भइल ‘मुसाफिर कैफे’ उपन्यास पाठकन के बीच खूब पसन कइल गइल रहे। अब ओही कहानी के वेब सीरीज के रूप में दर्शकन के सामने पेश कइल गइल बा। किताब के प्रशंसक लमहर समय से एकरा के स्क्रीन पs देखे के इंतजार करत रहे लो।

विक्रांत मैसी के दमदार वापसी

सीरीज में विक्रांत मैसी मुख्य भूमिका में नजर आ रहल बाड़ें। उनका संगे वेदिका पिंटो आ महिमा मकवाना अहम किरदार निभा रहल बा लाे। तीनो कलाकारन के अभिनय के सोशल मीडिया पs बढ़िया प्रतिक्रिया मिल रहल बा।

का बा ‘मुसाफिर कैफे’ के कहानी?

ई रोमांटिक ड्रामा चंदर (विक्रांत मैसी) के जिनगी पs आधारित बा। चंदर के पहिले सुधा (वेदिका पिंटो) से प्यार होला, बाकिर कुछ हालातन के चलते दुनो के रिश्ता टूट जाला। बाद में चंदर के जिनगी में प्रीति (महिमा मकवाना) आवेली आ नया प्रेम कहानी सुरू होला।

हालांकि, प्रीति के मन में हमेसा ई डर बनल रहेला कि जदि सुधा फेर चंदर के जिनगी में लवट अइली तs का होई। एह लव ट्रायंगल के इर्द-गिर्द कहानी आगे बढ़ेला आ दर्शकन के अंत तक बान्ह के रखेला।

नेटफ्लिक्स पs ट्रेंडिंग में नंबर-1

रिलीज के कुछे घंटा बाद “मुसाफिर कैफे” नेटफ्लिक्स के ट्रेंडिंग लिस्ट में टॉप पs पहुंच गइल। ई सीरीज कइयन गो चर्चित वेब शो के पीछे छोड़त दर्शकन के पसंदीदा बन गइल बा। सोशल मीडिया पs लोग एकर कहानी, इमोशनल सीन्स आ कलाकारन के अभिनय के खूब तारीफ करत बा।

काहे देखीं ई सीरीज?

जदि रउआ रोमांटिक ड्रामा, इमोशनल कहानी आ किताब पs आधारित वेब सीरीज देखे के शौकीन बानी, तs “मुसाफिर कैफे” रउआ खातिर बढ़िया विकल्प हो सकेला। आठ एपिसोड में बनल ई सीरीज प्यार, बिछोह, भरोसा आ दोबारा मिले के अहसास के खूबसूरती से पेश करत बा।

Read Also: 25 जुलाई 2026 के राशिफल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]