Lahaul Spiti Accident : लाहौल-स्पीति में टाटा सूमो पs गिरल चट्टान, 13 लोगन के मौत, चंबा में 800 मीटर खाई पs लटकल ट्रक के जेसीबी से बचावल गइल

Lahaul Spiti Accident

Share

शिमला। हिमाचल प्रदेश के लाहौल-स्पीति जिला में सुक के एगो भीषण सड़क हादसा हो गइल। पांगी-उदयपुर मार्ग पs चलत टाटा सूमो पs पहाड़ से भारी चट्टान गिरला से 13 लोगन के मौत हो गइल, जबकि 2 लोग घायल हो गइल। ओहिजा, चंबा जिला में एगो ट्रक 800 मीटर गहिराह खाई के किनारे लटक गइल, बाकिर चालक के सूझबूझ आ जेसीबी के मदद से बड़ हादसा टाल दिहल गइल।

जानकारी के मोताबिक, ई हादसा कडू नाला के नजदीक भइल, जवन लाहौल घाटी से करीब 60-70 किलोमीटर दूर बा। चलत टाटा सूमो पs अचानक पहाड़ी के बड़ हिस्सा भरभराके गिर पड़ल। भारी चट्टान आ मलबा गाड़ी पs गिरते ओकरा में सवार लोग गंभीर रूप से दब गइल।

लाहौल-स्पीति पुलिस घटना के पुष्टि कइले बा आ पुलिस टीम राहत-बचाव दल के संगे घटनास्थल पs पहुंच गइल बा।

13 लोगन के मौत, 2 घायल

हादसा में 13 लोगन के मौत हो गइल, जबकि 2 लोग घायल भइल बा। बचाव दल मलबा हटावे के काम तेज गति से करत बा। घायल लोगन के इलाज खातिर अस्पताल भेजल गइल बा। प्रशासन के कहनाम बा कि राहत अभियान पूरा होखला के बाद बाकी जानकारी आधिकारिक रूप से जारी कइल जाई।

सड़क खुलते निकलल रहे टैक्सी

बतावल जा रहल बा कि उदयपुर-किलाड़ सड़क एक दिन पहिले भूस्खलन के चलते बंद रहे। एह कारण टैक्सी में सवार सब यात्री तिंदी में रुकल रहे लोग। सुक के सड़क बहाल होखला के बाद वाहन पांगी खातिर रवाना भइल, बाकिर रास्ता में कडू नाला के लगे पहाड़ धंस गइल आ टैक्सी ओकरा चपेट में आ गइल।

राहत-बचाव अभियान जारी

भरमौर के विधायक जनक राज बतवलें कि चंबा आ लाहौल-स्पीति प्रशासन के राहत काम तेज करे के निरदेस दिहल गइल बा। पुलिस, एसडीआरएफ आ बचाव दल लगातार मलबा हटावे आ बाकी लोगन के खोजे में जुटल बा।

चंबा में टलल बड़ हादसा

एही बीच चंबा जिला से राहत देवे वाली खबर सामने आइल। बैरागढ़-साचपास-किलाड़ मार्ग पs बगोटू के लगे एगो ट्रक अनियंत्रित होके सड़क से बाहर निकल गइल। ट्रक के अगिला हिस्सा करीब 800 मीटर गहिराह खाई के ऊपर लटक गइल, बाकिर चालक समय रहते गाड़ी पs नियंत्रण बना लेलस।

जेसीबी के मदद से सुरक्षित निकालल गइल ट्रक

घटना के बाद स्थानीय लोग आ प्रशासन के मदद से जेसीबी मशीन मंगावल गइल। कइयन घंटा के मशक्कत के बाद ट्रक के सुरक्षित सड़क पs वापस निकाल लिहल गइल। सबसे राहत के बात ई रहल कि चालक के कवनो चोट ना लागल आ बड़ हादसा टy गइल।

Read Also: Politics : मृत्युंजय तिवारी भाजपा में सामिल, आरजेडी छोड़ला के बाद बीजेपी के थमलें दामन, कहलें- ‘सम्मान खातिर छोड़नी पार्टी’

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-