सेंट्रल डेस्क। महाराष्ट्र टीईटी पेपर लीक ममिला में पुलिस के बड़ सफलता मिलल बा। शिक्षक पात्रता परीक्षा (TET) पेपर लीक केस के मुख्य आरोपी वीरेंद्र कुमार गुप्ता के बिहार से गिरफ्तार कs लिहल गइल बा। कइयन दिनन से फरार चल रहल आरोपी के पकड़े खातिर भिवंडी पुलिस के विशेष टीम लगातार छापेमारी करत रहे, आखिरकार टीम के ई सफलता मिलल।
महाराष्ट्र के चर्चित टीईटी पेपर लीक ममिला में मुख्य आरोपी वीरेंद्र कुमार गुप्ता के बिहार से गिरफ्तार कइल गइल बा। गिरफ्तारी के बाद पुलिस ओकरा के हवाई जहाज से पुणे एयरपोर्ट ले आइल। उहवां से कड़ा सुरक्षा बेवस्था के बीच ओकरा के भिवंडी ले जाये के तइयारी बा।
पुलिस सूत्रन के अनुसार, आरोपी के जल्दिये अदालत में पेश कइल जा सकेला, जहां पुलिस रिमांड के मांग कs सकेले ताकि गहन पूछताछ हो सके।
जांच में हो सकेला बड़ खुलासा
जांच एजेंसियन के माने के बा कि वीरेंद्र कुमार गुप्ता के भूमिका पूरा पेपर लीक नेटवर्क में बहुते अहम रहल बा। पूछताछ के दौरान पेपर लीक गिरोह, एमे सामिल दोसर आरोपियन, आर्थिक लेन-देन आ पूरा साजिश से जुड़ल कइयन गो महत्वपूर्ण जानकारी सामने आ सकेला।
पुलिस के उम्मेद बा कि आरोपी से मिलल जानकारी के आधार पs बाकी फरार आरोपियन तक पहुंचल आसान हो जाई।
भिवंडी पुलिस के कार्रवाई से जांच में आई तेजी
भिवंडी पुलिस के विशेष टीम के एह कार्रवाई से महाराष्ट्र टीईटी केस के जांच में नया गति मिले के उम्मीद जतावल जा रहल बा। जांच एजेंसी अब एह ममिला से जुड़ल आउर संदिग्ध लोगन के तलाश तेज कs देले बाड़ी सs।
पुलिस के कहनाम बा कि जांच के आधार पs जल्दिये आउर गिरफ्तारी हो सकेला। पूरा नेटवर्क के बेनकाब करे खातिर लगातार कार्रवाई जारी बा।
पेपर लीक नेटवर्क पs पुलिस के फोकस
महाराष्ट्र में टीईटी पेपर लीक ममिला शिक्षा बेवस्था खातिर गंभीर चुनौती बनल बा। एह केस में पुलिस अब पूरा नेटवर्क के पहचान करे, आर्थिक लेन-देन के जांच करे आ दोषियन पs सख्त कार्रवाई करे में जुटल बिया।
वीरेंद्र कुमार गुप्ता के गिरफ्तारी के बाद जांच एजेंसियन के उम्मीद बा कि जल्दिये एह हाई-प्रोफाइल ममिला में कइयन गो आउर बड़ खुलासा हो सकेला।








