Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

MI vs GG: गुजरात के रउदके मुंबई लगवलस विजयी पंच, प्लेऑफ में पहुंचे वाला बनल पहिला टीम

MI vs GG WPL 2023: मुंबई के ब्रेबोर्न स्टेडिम में मुंबई इंडियंस आ गुजरात जायंट्स के बीच महिला प्रीमियर लीग के 12वां मैच खेलल गइल। एह मैच में मुंबई इंडियंस गुजरात टीम के 55 रन से पटखनी देके टूर्नामेंट के लगातार पांचवां मुकाबला जीत लेलस।

1,104

MI vs GG, WPL 2023: मुंबई के ब्रेबोर्न स्टेडिम में मुंबई इंडियंस आ गुजरात जायंट्स के बीच महिला प्रीमियर लीग के 12वां मैच खेलल गइल। एह मैच में मुंबई इंडियंस गुजरात टीम के 55 रनन से पटखनी देके टूर्नामेंट के लगातार पांचवां मुकाबला जीत लेलस। हरमनप्रीत कौर के अगुआई वाली मुंबई टीम पहिले बल्लेबाजी करत 20 ओवर में 162 रन बनवले रहे। एकरा जवाब में गुजरात टीम 9 विकेट के नुकसान पs 107 रन  बना सकल।

163 रनन के लक्ष्य के पीछा करे उतरल गुजरात जायंट्स टीम के सुरूआते में झटका लागल। सलामी बल्लेबाज सोफिया डंकली मात्र 1 गेना पs LBW आउट हो गइली। एकरा बाद एस मेघना 17 गेना पs 16 रन आ हरलीन देओल 22 रन के पारी खेलल लो। ऐनाबेल एह मैच में फ्लॉप रहली आ बिना खाता खोलले पवेलियन लवटली। एकरा बाद गुजरात टीम ताश के पत्तन के तरे बिखर गइल आ कवनो बल्लेबाज रन बनावे में नाकाम रहल। स्नेहा राणा 20 रन, तs सुषमा 18 रन के नाबाद पारी खेलली।

अइसन रहल मुंबई इंडियंस के पारी के हाल

मुंबई इंडियंस के इस्थिति मैच के सुरुआत में अच्छा ना रहल रहे। हेली मैथ्यूज के पारी के पहिला ओवर के चउथा गेना पs गार्डनर पवेलियन भेजली। एकरा बाद नेट सीवर ब्रट आ यास्तिका भाटिया 74 रन के साझेदारी कs के टीम के मैच में वापसी करावल लोग।

यास्तिका के आउट होखला के बाद हरमनप्रीत कौर (Harmanpreet Kaur) आ अमेलिया कर के बीच अर्धशतकीय साझेदारी भइल। अमेलिया 19 रन बनाकर सस्ता में पवेलियन लवटली। ओहिजा, कप्तान हरमनप्रीत तूफानी अर्धशतक जड़त मैच में कुल 30 गेना के सामना करत 7 चौका आ 2 छक्का के मदद से 51 रन के आतिशी पारी खेलली। एह दौरान उनकर स्ट्राइक रेट 170 के रहल। ई उनकर WPL के तीसरा अर्धशतक रहल।

बता दिन कि ई मुंबई इंडियंस के टीम के लगातार पांचवां जीत रहल। महिला प्रीमियर लीग के प्वाइंट्स टेबल में 10 अंकन के संगे मुंबई टीम प्लेऑफ खातिर क्वालिफाई करे वाला पहिला टीम बन गइल बिया। एकरा अलावे मुंबई के टीम अब तक एह टूर्नामेंट में 200 से कम के स्कोर डिफेंड करे वाला पहिला टीम बनल।

480720cookie-checkMI vs GG: गुजरात के रउदके मुंबई लगवलस विजयी पंच, प्लेऑफ में पहुंचे वाला बनल पहिला टीम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.