Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ICC Test Rankings: Ravichandran Ashwin बनलें गेंदबाजन के ‘बादशाह’, किंग कोहली आ Axar Patel लगावल लो लमहर छलांग

ICC Test Rankings: आईसीसी बुध के ताजा आईसीसी टेस्‍ट रैंकिंग जारी कइलस। रविचंद्रन अश्विन ताजा आईसीसी रैंकिंग में नंबर-1 गेंदबाज बन गइल बाडें। एकरा संगही भारतीय टीम के स्‍टार बल्‍लेबाज विराट कोहली आ ऑलराउंडर अक्षर पटेल लमहर छलांग लगवले बा लो।

1,697

अंतरराष्‍ट्रीय क्रिकेट परिषद (ICC) बुध के ताजा टेस्‍ट रैंकिंग जारी कs देले बा। स्‍टार ऑफ स्पिनर रविचंद्रन अश्विन गेंदबाजी रैंकिंग में शीर्ष स्‍थान हासिल कs लेले बाड़ें। एकरा अलावे भारत के स्‍टार बल्‍लेबाज विराट कोहली आ ऑलराउंडर अक्षर पटेल लमहर छलांग लगवले बा लो।

विराट कोहली तीन साल के सूखा के खतम करत ऑस्‍ट्रेलिया के खिलाफ चउथा टेस्‍ट में अपना करियर के 28वां शतक जमवलें। कोहली सात स्‍थान के लमहर छलांग लगाके बल्‍लेबाजी रैंकिंग में 13वां स्‍थान हासिल कइलें। बता दीं कि भारत के ऋषभ पंत (9वां स्‍थान) आ कप्‍तान रोहित शर्मा (10वां स्‍थान) टॉप-10 बल्लेबाजन में सामिल बा लो।

रविचंद्रन अश्विन इंग्‍लैंड के तेज गेंदबाज जेम्‍स एंडरसन के 10 अंक से पीछे छोड़त शीर्ष स्‍थान बरकरार रखलें बाड़ें। अश्विन-एंडरसन संयुक्‍त रूप से शीर्ष स्‍थान पर थे, लेकिन अब भारतीय ऑफ स्पिनर आगे निकल गए हैं। ऑलराउंडर्स की बात करें तो रवींद्र जडेजा शीर्ष स्‍थान पर बने हुए हैं। जडेजा ने बॉर्डर-गावस्‍कर ट्रॉफी में धमाकेदार प्रदर्शन किया। भारत के ऑलराउंडर अक्षर पटेल को भी जबर्दस्‍त फायदा मिला है।

अक्षर पटेल बॉर्डर-गावस्‍कर ट्रॉफी में भलही दु विकेट लेले होखस, बाकिर ऊ बल्ला से कमाल करत तीन गो अर्धशतक जमवलें। पटेल बल्‍लेबाजी रैंकिंग में आठ स्‍थान के छलांग लगावत 44वां स्‍थान हासिल कइलें। ओहिजा ऊ ऑलराउंडर्स के ‍लिस्ट में चउथा स्‍थान पs पहुंच गइल बाड़ें।

के बा टॉप पs 

आईसीसी बल्‍लेबाजी रैंकिंग के बात करीं तs ऑस्‍ट्रेलिया के मार्नस लाबुशेन (915 अंक) पहिला स्‍थान पs काबिज बा। स्‍टीव स्मिथ (872) दूसरा, जो रूट (871) तीसरा, बाबर आजम (862) चउथा आ ट्रेविस हेड (853) पांचवां स्थान पs जमल बा लो। गेंदबाजन में अश्विन (869) शीर्ष स्‍थान पs बाड़ें। जेम्‍स एंडरसन (859) दूसरा, पैट कमिंस (841) तीसरा, कगिसो रबाडा (825) चउथा आ शाहीन अफरीदी (787) पांचवां स्‍थान पs बाड़ें।

ऑलराउंडर्स के लिस्‍ट में रवींद्र जडेजा (431) नंबर-1 पs बाड़ें। रविचंद्रन अश्‍विन (359) दूसरा, शाकिब अल हसन (329) तीसरा, अक्षर पटेल (316) चउथा आ बेन स्‍टोक्‍स (307) पांचवां स्‍थान पs बा।

481140cookie-checkICC Test Rankings: Ravichandran Ashwin बनलें गेंदबाजन के ‘बादशाह’, किंग कोहली आ Axar Patel लगावल लो लमहर छलांग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.