Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

LLC 2023: रॉबिन-गौतम के आंधी में उड़ल एशिया लायंस, एकतरफा मुकाबला में India Maharajas के 10 विकेट से मिलल जीत

LLC 2023 India Maharajas vs Asia Lions: 14 मार्च के दोहा के वेस्ट एंड पार्क अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट स्टेडियम में खेलल गइल मुकाबला में इंडिया महाराजा आ एशिया लायंस के आमना-सामना भइल। एह मैच में इंडिया महाराजा के 10 विकेट से जीत मिलल।

2,059

LLC 2023: 14 मार्च के दोहा के वेस्ट एंड पार्क अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट स्टेडियम में खेलल गइल लेजेंड्स लीग क्रिकेट सीरीज के मुकाबला में इंडिया महाराजा आ एशिया लायंस के आमना-सामना भइल। एह मैच में इंडिया महाराजा के एकतरफा जीत हासिल भइल। मैच में महाराजा एशिया लायंस के 10 विकेट से करारा शिकस्त देलस।

असल में, मैच में टॉस जीतके इंडिया महाराज गेंदबाजी करे के फैसला कइले रहे। पहिले बल्लेबाजी करे आइल मिस्बाह उल हक के कप्तानी वाली एशिया लायंस 20 ओवर में 5 विकेट के नुकसान पs 157 रन बनावल। टीम के तरफ से सबसे जादे उपुल थरंगा बल्ला से रन बनवलें।

ऊ 48 गेना के सामना करत 7 चौका आ 2 छक्का के मदद से 69 रन के अर्धशतकीय पारी खेललें। उनका अलावे तिलकरुत्ने दिलशान 27 गेंना पs 32 रन के अहम पारी खेलले। ओहिजा, इंडिया महाराजा टीम के तरफ से स्टुअर्ट बिन्नी, यूसुफ पठान आ प्रवीण तांबे 1-1 विकेट चटकावल लो।

अइसन रहल इंडिया महाराजा के पारी के हाल

158 रन के लक्ष्य के पीछा करत इंडिया महाराजा के तरफ से सलामी बल्लेबाज रॉबिन उथप्पा आ गौतम गंभीर कमाल के प्रदर्शन कइल लो। दुनो बल्लेबाजन के बीच शतकीय साझेदारी भइल। रॉबिन 39 गेना के सामना करत 11 चौका आ 5 छक्का के मदद से 88 रन के तूफानी पारी खेलले। एह दौरान उनकर स्ट्राइक रेट 225.64 के रहल।

ओहिजा कप्तान गौतम गंभीर 36 गेना पs 61 रन के आतिशी पारी खेललें, जवना में कुल 12 चौका सामिल रहे। ई दुनो सलामी बल्लेबाज अकेले दम पs टीम के लक्ष्य हासिल करे में अहम जोगदान दिहल लो।

480690cookie-checkLLC 2023: रॉबिन-गौतम के आंधी में उड़ल एशिया लायंस, एकतरफा मुकाबला में India Maharajas के 10 विकेट से मिलल जीत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.