Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

Share

  1. बिहार: बिहार में कोरोना हो रहल बा खतरनाक, 10 दिन में 7 के गइल जान, मरीजन के संख्या बढ़ के 1302 के पार।
  2. बिहार: आतंक के पाठशाला- बिहार में PFI आ SDPI से अब तक जुड़ले करीब 20 हजार युवक, 10 हजार हो चुकल बाड़े प्रशिक्षित।
  3. उत्तर प्रदेश: लुलु मॉल विवाद- लुलु मॉल में साजिश के तहत पढ़ल गइल रहे नमाज, सीसीटीवी खोललस राज। पुलिस के हाथे लागल सीसीटीवी फुटेज में मॉल में घुसे से लेके निकले तक के घटना कैद।
  4. उत्तर प्रदेश: पीएम मोदी के कार्यक्रम में रहे गड़बड़ी के साजिश, पीएफआई के सक्रिय सदस्य लखनऊ में गिरफ्तार।
  5. झारखंड: देवघर में 76 हजार से बेसी कावंरिया भोलेनाथ पs कइल लो जलाभिषेक। तीसरा दिने बाबा नगरी कांवरियन के गूंज से पटल रहल।
  6. बंगाल के गवर्नर जगदीप धनखड़ NDA के उपराष्ट्रपति पद के उम्मीदवार, राजस्थान के झुंझुनूं के रहे वाला हवे, सुप्रीम कोर्ट में रहल बाड़ें वकील।
  7. SIT के दावा तीस्ता सीतलवाड़ अहमद पटेल से पईसा लेके सरकार के बदनाम कइलीं। 2002 के गुजरात दंगन के दोरान तब सीएम रहल नरेन्द्र मोदी के बदनाम करे के रचले रही साजिश।
  8. PM मोदी बुंदेलखंड एक्सप्रेस-वे के कइलें उद्धघाटन, 7 जिलन से होके गुजरी।
  9. जब तक आईपीएल चली, तब तक दोसर अन्यतराष्ट्रीय मैच ना होई, ICC IPL के हर साल ढाई महीना के विंडो देवे के फसिला लेले बा।
  10. भारत Vs इंग्लैंड तीसरा वनडे आज: 8 साल बाद इंग्लैंड के धरती पs सीरीज जीते उतरी भारत।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-