[the_ad_group id="30365"]

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: राष्ट्रपति चुनाव के तइयारी पूरा, भोरे 10 बजे से पड़ी वोट, बिहार विधानसभा के 242 विधायक करी लो मतदान।
  2. बिहार: सिवान के महेंद्रनाथ मंदिर में सावन के पहिला सोमारी के मचल भगदड़, एगो महिला के मौत। दिखल प्रशासनिक बदइंतजामी के मंजर।
  3. उत्तर प्रदेश: सावन के पहिला सोमार आज, प्रदेश भर के शिवालयन में उमड़ल श्रद्धालुअन के भीड़। एह साल सावन में पड़त बा 4 सोमारी।
  4. उत्तर प्रदेश: अब उत्तर प्रदेश में हटी साहूकारी अधिनियम, वित्त विभाग नइखे चाहत बाकिर सरकार एक्शन में। एह फसिला से गरीब तबका के लोगन के साहूकारन से मिल सकी निजात।
  5. झारखंड: श्रावणी मेला 2022- पहिला सोमारी के बाबाधाम में श्रद्धालुअन के बढ़ी भीड़, जिला प्रशासन बा मुस्तैद।
  6. आज से महंगा हो जाई चावल, आटा, दही आ लस्सी, 5% GST लागी।
  7. पीवी सिंधू पहिला बेर सिंगापुर ओपन जीतली, साल के तीसरा खिताब।
  8. मध्यप्रदेश के नगरीय निकाय चुनाव में BJP के रिकॉर्ड जीत, आप के भइल एंट्री।
  9. मार्गरेट अल्वा विपक्ष के ओर से उपराष्ट्रपति पद के उम्मीदवार।
  10. 8 साल बाद अंग्रेजन के घर में सीरीज फतह: पंत के तूफानी शतक से तीसरा वनडे में 5 विकेट से जीतल भारत, हार्दिक पांड्या बैट आ गेना दुनों से चमकले।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]