Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

306
  1. बिहार: पटना के ड्रग इंस्पेक्टर के बेंगलुरु, नोयडा आ राँचीयो में संपत्ति। बरामद नकदी 4 करोड़ के पार पहुंचल।
  2. बिहार: पटना के नया टूरिस्ट स्पॉट बनल जेपी गंगा पथ, सबेरे आ साँझ के बड़ संख्या में पहुंच रहल बा लोग।
  3. उत्तर प्रदेश: स्वच्छ भारत मिशन के प्रयागराज में बंटाधार, सफाई कर्मियन के अफसर लो बना देलस घर के नौकर।
  4. उत्तर प्रदेश: हाथी पs सवार गुड़ु जमाली रोकले साइकिल के रफ्तार, आपन बढ़वले जनाधार, भाजपा के भइल बेड़ा पार।
  5. झारखंड: राष्ट्रपति चुनाव- आज अमित शाह आ सोनिया गांधी से भेंट करिहें हेमंत सोरेन, बीच के रास्ता निकाल सकत बा JMM।
  6. मोदी आज G-7 समिट में हिस्सा लिहें: हिन्द-प्रशांत क्षेत्र के इस्तिथी पs भारत के स्टैंड पs होई चरचा। जर्मनी से UAE जइहें पीएम मोदी।
  7. ठाकरे सरकार पs संकट: उद्धव अकेले पड़ले उनकर 8 मंत्री शिंदे कैम्प में पहुंचले, अब खाली 3 मंत्री बांचल बा लो, भाजपा रणनीति बनावे में जुटल।
  8. पूर्व अफगान सैनिकन के पत्नियन के उठा रहल बा तालिबान: महिला पत्रकारन आ कार्यकर्तन के अपहरण कs के रेप होत बा; इस्लामाबाद में 2500 शरणार्थी।
  9. द्रौपदी मुर्मू के गांव में पहिला बेर पहुंची बिजली: राष्ट्रपति उम्मीदवार के गांव उपरबेड़ा के लोग मोबाइल चार्ज करे दोसर कस्बा में जाला लो।
  10. पंड्या के कप्तानी में जीत से शुरुआत: भारत पहिला टी-20 में आयरलैंड के 7 विकेट से हरवलस, डेब्यू मैच में फ्लॉप रहले उमरान मलिक।
281620cookie-checkMorning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.