[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: अग्निपथ पs पटना में बोलले कन्हैया कुमार- नो रैंक, नो पेंशन, खाली टेंशन वाला बा ई स्कीम। पटना में कांग्रेस के प्रेस कॉन्फ्रेंस में केंद सरकार पs हमला बोलत अग्निपथ योजना के देश के संगे खिलवाड़ बतवले, सत्याग्रह करे के कइले ऐलान।
  2. बिहार: नित्यानंद राय के कहला पs उखाड़ फ़ेंकले रहले तीन किमी रेल के पटरी, अटल सरकार के खिलाफ भाजपा विधायक कइले रहस उपद्रव। हाजीपुर के भाजपा विधायक अवधेश कुमार सिंह के विवादास्पद बयान।
  3. उत्तर प्रदेश: 2024 खातिर यूपी के जनता देलस साफ सनेस, रामपुर आ आजमगढ़ लोकसभा उपचुनाव के जीत पs बोलले सीएम योगी। भाजपा के नीति आ पीएम मोदी खातिर लोगन के विश्वास के परिणाम बतवले सीएम योगी।
  4. उत्तर प्रदेश: सपा के ढ़ह गइल बांचल खुचल किला, आजमगढ़ से बीजेपी के दिनेश लाल यादव निरहुआ के सपा प्रत्याशी धर्मेंद्र यादव पs 8679 वोट से जीत। रामपुर में बीजेपी के घन्यश्याम लोधी सपा के असीम रजा के 42 हजार वोटन से हरवले। आजमगढ़ अखिलेश यादव के आ रामपुर आजम खान के रहल हs गढ़।
  5. झारखंड: मांडर विधानसभा उपचुनाव में कांग्रेस के मिलल जीत, शिल्पी नेहा तिर्की 23,500 वोट से बीजेपी के गंगोत्री गुर्जर के हरवली।
  6. पंजाब में एकमात्र लोकसभा के सीट हारल आप:  मानल जा रहल बा बड़ झटका, मुख्यमंत्री भगवंत मान के इस्तीफा से खाली भइल रहे सीट। वजह बनल मूसेवाला के हत्या आ मुफ्त बिजली। महिला लोगन के 1000 रुपिया जइसन वादा ना हो सकल पूरा।
  7. ठाकरे सरकार पs संकट लाइव: काल्ह साँझ के 6 बजे सीएम उद्धव के रैली, राउत के विवादित बयान- गुवहाटी से चालीस विद्यायकन के शव आई। केंद 15 बागी विधायकन के CRPF के सुरक्षा देलस।
  8. जर्मनी में मोदी: पीएम के भारतीय लोग स्वागत कइल, जर्मन दुल्हिन गोड़ छूके आशीर्वाद लेली आ पुछली- केम छो। G-7 शिखर सम्मेलन में शामिल होखे खातिर जर्मनी के म्यूनिख में बाड़ें पीएम मोदी।
  9. अहमदाबाद कोर्ट में पेश भइली तीस्ता: कोर्ट ले जात घरी चिल्लाके कहली- हम क्रिमनल ना हई, पुलिस कहलस- सहयोग नइखी करत।
  10. चार साल बाद आयरलैंड से भीड़ी भारत: हार्दिक पांड्या टी-20 में भारत के नौवा कप्तान होइहें। ओने, टीम इंडिया के कप्तान रोहित शर्मा भइले कोरोना पॉजिटिव, इंग्लैंड में भारत के 1 जुलाई से खेले के बा टेस्ट मैच, बुमराह हो सकेले कप्तान।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]