Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

219
  1. बिहार: पटना, मुजफ्फरपुर, दरभंगा आ गया में जाम से छुटकारा ला रिंग रोड बनावे के रस्ता साफ, फिजिबिलिटी रिपोर्ट के बाद सुरू होई निर्माण।
  2. बिहार: खटारा स्कूली बसवन पs होई कारवाई, विभाग देलस डीटीओ आ जिला शिक्षा पदाधिकारीयन के निरदेस।
  3. उत्तर प्रदेश: शासन आ संवाद- उत्तर प्रदेश में आज से सरकार जनता के दुआरी पs, अपना टीम के संगे दुनु उपमुख्यमंत्रियो रही लो मैदान में।
  4. उत्तर प्रदेश: इलाहाबाद हाईकोर्ट के निरदेस: यूनिवर्सिटी टीचरन के रिटायरमेंट के उमिर 65 बरिस करे सरकार।
  5. झारखंड: मंत्री हफीजुल हसन के विवादित बयान, हमार 20% तsआउरो लोग के 80% घर बन होई…
  6. प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बेंगलुरु में भारत के पहिला सेमीकॉन सम्मेलन के उढ़घाटन करिहे।
  7. बंगाल में चुनाव बाद हिंसा के पीड़ित कैंडिल मार्च निकाली लो आ राष्ट्रपति-गृह मंत्री से मिली लो।
  8. 1 मई तक उत्तर भारत में बढ़ी तापमान, चली भेयांक लू।
  9. फिल्मी स्टारन के बीचे चल रहल भाषा विवाद में अब राजनीति के इंटरी, सिद्धरमैया के ऐलान हिन्दी ना कबो राष्ट्रभाषा रहे आ ना कबो बनी।
  10. आईपीएल में दिल्ली के कोलकाता पs जीत, आज लखनऊ आ पंजाब के बीचे टक्कर।
246490cookie-checkMorning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.