आज से महंगा हो गईंल 1000 से जादा दवाई, कहीं रउरो दवाई तs लिस्ट में नइखे

Share

देश के करोड़न आम जनता खातिर एगो खराब खबर आ रहल बा। आजु यानी एक अप्रैल से 900 से अधिका जरूरी दवाई के दाम में 1.74 प्रतिशत के बढ़ोतरी होई। एकरा संगे-संगे आम लोग के दवाई के खर्चा बढ़ी अवुरी बचत में कमी आई। आज से महंगा होखे वाला दवाई में संक्रमण, मधुमेह अवुरी दिल के दवाई भी शामिल बा। बता दीं कि केंद्र सरकार के रसायन आ खाद मंत्रालय के तहत काम करे वाला विभाग नेशनल फार्मास्यूटिकल प्राइसिंग अथॉरिटी (एनपीपीए) जरूरी दवाई के दाम तय करेला। पिछला साल के थोक मूल्य सूचकांक (डब्ल्यूपीआई) के ध्यान में राखत जरूरी दवाई के दाम में कमी भा बढ़ावल जाला।

दवाई के दाम बढ़ावे खातिर सरकार के पहिले से मंजूरी के जरूरत नईखे

“कैलेंडर साल 2023 के मुक़ाबले साल 2024 के दौरान डब्ल्यूपीआई में बदलाव (+) 1.74028% बा। दवाई निर्माता ए डब्ल्यूपीआई के आधार पs निर्धारित फॉर्मूलेशन के अधिकतम खुदरा दाम बढ़ा सकतारे अवुरी एs मामला में सरकार के पहिले से मंजूरी के जरूरत ना पड़ी।”  

मलेरिया, एंटीवायरल, एंटीबायोटिक दवाई के दाम बढ़ी

सरकार के ए आदेश के बाद एंटीबायोटिक एजिथ्रोमाइसिन के दाम 11.87 रुपया (250 मिलीग्राम) अवुरी 23.98 रुपया (500 मिलीग्राम) प्रति गोली होई। एमोक्सिसिलिन अवुरी क्लेवुलेनिक एसिड के फॉर्मूलेशन वाला एंटीबैक्टीरियल ड्राई सिरप के दाम 2.09 रुपया प्रति मिलीलीटर होई। एसिक्लोविर जईसन एंटीवायरल के दाम 7.74 रुपया (200 मिलीग्राम) अवुरी 13.90 रुपया (400 मिलीग्राम) प्रति गोली होई। एही तरे मलेरिया के इलाज में इस्तेमाल होखे वाला हाइड्रोक्सीक्लोरोक्वीन के दाम 6.47 रुपया (200 मिलीग्राम) अवुरी 14.04 रुपया (400 मिलीग्राम) प्रति गोली होई।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-