PPF अकाउंट के लेके वित्त मंत्री दिहले राहत, नाहीं देवे के होई अब इs शुल्क

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 3, 2025

पब्लिक प्रोविडेंट फंड (पीपीएफ) खाताधारकन खातिर ताजा अपडेट बा. वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण गुरुवार के कहली कि लोक भविष्य निधि (पीपीएफ) खाता खाती नामांकित लोग के अपडेट करे चाहे जोड़े खातीर  कवनो शुल्क ना लागी।

Share

पब्लिक प्रोविडेंट फंड (पीपीएफ) खाताधारकन खातिर ताजा अपडेट बा. वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण गुरुवार के कहली कि लोक भविष्य निधि (पीपीएफ) खाता खाती नामांकित लोग के अपडेट करे चाहे जोड़े खातीर  कवनो शुल्क ना लागी। पीटीआई न्यूज के मुताबिक सरकार अधिसूचना के माध्यम से जरूरी बदलाव कईले बिया। एक्स पs सोशल मीडिया पोस्ट में वित्त मंत्री कहले कि, हाल में खबर आईल बा कि पीपीएफ खाता में नामांकित लोग के विवरण के अपडेट/संशोधन खातीर वित्तीय संस्थान के ओर से शुल्क लिहल जाता।

4 लोग तक के नामांकन के अनुमति


वित्त मंत्री कहले कि हाल में पारित बैंकिंग संशोधन विधेयक 2025 में जमाकर्ता के पईसा, सुरक्षित हिरासत में राखल सामान अवुरी सुरक्षा लॉकर के भुगतान खातीर 4 लोग तक के नामांकन के अनुमति बा। एह विधेयक में एगो अउरी बदलाव कवनो बैंक में कवनो आदमी के ‘पर्याप्त ब्याज’ शब्द के फेर से परिभाषित करे से जुड़ल बा. लगभग 6 दशक पहिले तय भईल एs सीमा के मौजूदा पांच लाख से बढ़ा के दु करोड़ रुपया करे के मांग भईल बा।

एह कानून में सहकारी बैंकन में निदेशकन (अध्यक्ष आ पूरा समय निदेशक के छोड़ के) के कार्यकाल 8 साल से बढ़ा के 10 साल करे के भी कोशिश कइल गइल बा, ताकि एकरा के संविधान (97वां संशोधन) अधिनियम, 2011 के अनुरूप बनावल जा सके।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.