Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

MCD Result 2022: सुल्तानपुरी में चलल बॉबी किन्नर के आंधी, भाजपा के हर दांव के काट बनली वार्ड के ‘सुल्तान’

354

दिल्ली एमसीडी के परिणाम आ गइल बा, सुल्तानपुरी-ए वार्ड संख्या 42 में चर्चित प्रत्याशी बॉबी किन्नर जीत दर्ज कइले बाड़ी। ऊ आदमी पार्टी के टिकट पर चुनाव लड़ली। सुल्तानपुर माजरा विधानसभा में मवजुद तीन में से एगो प्रमुख वार्ड नंबर- 42 सुल्तानपुरी-ए वार्ड हs। बॉबी किन्नर आम आदमी पार्टी के प्रत्याशी के रूप में जीत दर्ज कइली। ऊ भारतीय जनता पार्टी के एकता जाटव के मात देली। आम आदमी पार्टी पूर्व पार्षद संजय के टिकट काटके बॉबी किन्नर के मैदान में उतरले रहे। बॉबी किन्नर पार्टी के उम्मीदन पर खरा उतरली।

विधानसभा- सुल्तानपुर माजरा

वार्ड- सुल्तानपुरी-ए

वार्ड नंबर-43

बीजेपी- एकता जाटव

आप- बॉबी किन्नर (जीत)

कांग्रेस- वरुण ढाका

आई जानल जाव कि बॉबी किन्नर आपन पहिला चुनाव कवना पार्टी से लड़ल रहस आ ओकर का परिणाम रहल रहे। दरअसल, बॉबी जब चुनाव लड़े के फैसला कइली तs उनका से टिकट के बदला में 50 लाख रुपिया के मांग कइल गइल, जवना के बाद ऊ बड़ फैसला लेली आ चुनाव में निर्दलीय प्रत्याशी के तौर पर उतर गइली।

साल 2017 में दिल्ली में एमसीडी चुनाव में बॉबी किन्नर निर्दलीय प्रत्याशी के तौर पर चुनाव लड़ली। ऊ अकेलही बीजेपी, आप आ कांग्रेस जइसन पार्टियन के टक्कर देली। हालांकि उनका एह चुनाव में हार के सामना करे के पड़ल रहे।

बॉबी कहले रही कि ऊ एहिसे निर्दलीय उम्मीदवार के तौर पर चुनाव लड़ रहल बाड़ी काहेकि जब ऊ टिकट मांगे गइली तs उनका से 50 लाख रुपिया के मांग कइल गइल। ऊ पईसा देवे से इनकार कर देली आ फैसला कइली कि ऊ कवनो पार्टी के बैनर तले चुनाव ना लड़िहे।

2017 में सुल्तानपुरी वार्ड-ए से आम आदमी पार्टी के संजीव कुमार जीत दर्ज कइले रहस। ऊ भाजपा के नितिन के चार हजार 71 वोटन से हरवले रहस। संजीव के 9 हजार 904 वोट प्राप्त भइल रहे, जबकि नितिन के 5833 वोट से संतोष करे के पड़ल रहे।

साभार: अमर उजाला

403770cookie-checkMCD Result 2022: सुल्तानपुरी में चलल बॉबी किन्नर के आंधी, भाजपा के हर दांव के काट बनली वार्ड के ‘सुल्तान’

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.