जीवनसाथी ढूढे के तइयार मीका सिंह, नेशनल टीवी पर करिहें हमसफर के तलास

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 11, 2022

मशहूर बॉलीवुड सिंगर मीका सिंह अब जल्दिए अपने जीवन साथी के तलास सुरू करे आला बानें। विवाद से गहरा नाता रखे आले गायक मीका सिंह जल्दिये टेलीविजन पs आपन स्वयंवर रचाए आला बानें। देशभर के

Share

मशहूर बॉलीवुड सिंगर मीका सिंह अब जल्दिए अपने जीवन साथी के तलास सुरू करे आला बानें। विवाद से गहरा नाता रखे आले गायक मीका सिंह जल्दिये टेलीविजन पs आपन स्वयंवर रचाए आला बानें। देशभर के लोग के अपने गाना पs नचावे आला मीका अब आपन बरात के तैयारी कइले में जुट गइल बानें। आए दिन कौनो न कौनो वजह से सुर्खी में रहे वाला मीका सिंह एह बेर आपन स्वयंवर के लेके चर्चा में बानें। सिंगर बीतल महीन्ना एह बारे में खुलासा कइनें कि ऊ जल्दिए नेशनल टीवी पs आपन स्वयंवर रचावे आला बानें।

एह में अब मीका सिंह एह बारे में पुष्टि करत हाले में अपने सोशल मीडिया अकाउंट ट्विटर पs एगो वीडियो शेयर कइले बानें। एह वीडियो में मीका अकेलेपन से हारल अउर जीवन साथी के तलास खातिर उत्सुक नजर आवतने। वीडियो के शेयर करत ऊ कैप्शन में लिखनें, मीका के बा अपने जीवन साथी के तलाश, कौने खुशनसीब पs आई मीका के दिल? एकरिये संगे वीडियो में एह रिएलिटी शो के हिस्सा बने खातिर रजिस्ट्रेशन के डेटअउर लिंकओ देहल गइल बा।

साभार – अमर उजाला

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.