उत्तर प्रदेश विधानसभा चुनाव में बस एक्के सीट जीत पावे आली बसपा के मुखिया मायावती अपना करारा हार खातिर सपा के दुष्प्रचार के जिम्मेदार ठहरवली। मायावती शुक्रवार बिहाने लखनऊ में कहनें कि बसपा के अगर मुस्लिम अउर दलित वोट मिल जाइत त भाजपा के हार हो जाइत। ऊ कहली ई चुनाव हमनी खातिर एगो सीख के तरे बा। बसपा के खिलाफ दुष्प्रचार कइल गइल। हम बसपा के समर्थक से कहल चाहब कि हिम्मत नाइ हारे के बा अउर लागल रहे के बा। बाबासाहेब के अनुयायी कब्बो हिम्मत नाइ हार सकेने। हम कहल चाहब की अब बाउर वक्त खतम होखे आला बा। हमनी के जी जान से प्रयास कइनी जा अउर ओकरे बादो ई नतीजा आइल बा त एसे बुरा क्या हो सकता है।
साभार – हिन्दुस्तान