Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा से चले वाली दुर्ग एक्सप्रेस सहित कइयन गो ट्रेन रद्द: कइयन के बदलल रूट, यात्रियन के होई परेसानी; देखी ट्रेनन के पूरा लिस्ट

242

छपरा से चले वाली कइयन ट्रेनन के कैंसिल कइल गइल बा। निर्धारित समय के बाद सब ट्रेन अपना नियत समय आ मार्ग से संचालित होखे लागी। पश्चिम मध्य रेलवे के न्यू कटनी जं. मेन लाइन पs प्री-नॉन इंटरलॉक आ नॉन इंटरलॉक कार्य, न्यू कटनी जं. यार्ड रिमॉडलिंग कार्य कइल गइला के कारण गाड़ियन के रद्द आ मार्ग परिवर्तन कइल गइल बा। एकर जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार देले बाड़ें।

कैंसिल कइल गइल ट्रेन

  • छपरा से 29 सितम्बर से तीन अक्टूबर के चले वाली 15159 छपरा-दुर्ग एक्सप्रेस रद्द रही।
  • दुर्ग से 30 सितम्बर से चार अक्टूबर के चले वाली 15160 दुर्ग-छपरा एक्सप्रेस रद्द रही।
  • दुर्ग से 27 आ 29 सितम्बर के चले वाली 18201 दुर्ग-नौतनवा द्विसाप्ताहिक एक्सप्रेस रद्द रही।
  • नौतनवा से 29 सितम्बर आ एक अक्टूबर, 2023 के चले वाली 18202 नौतनवा-दुर्ग द्विसाप्ताहिक एक्सप्रेस रद्द रही।
  • नौतनवा से 30 सितम्बर के चले वाली 18206 नौतनवा-दुर्ग साप्ताहिक एक्सप्रेस निरस्त रही।

एह ट्रेनन के मार्ग परिवर्तन

  • बरौनी से 29 सितम्बर से 03 अक्टूबर तक चले वाली 15231 बरौनी-गोंदिया एक्सप्रेस अपना निर्धारित मार्ग कटनी-रायपुर-दुर्ग-गोंदिया के स्थान पs परिवर्तित मार्ग कटनी-जबलपुर-कछपुरा-गोंदिया के रास्ते चलावल जाई।
  • गोंदिया से 29 सितंबर से तीन अक्टूबर तक चले वाली 15232 गोंदिया-बरौनी एक्सप्रेस अपना निर्धारित मार्ग गोंदिया-दुर्ग-रायपुर-कटनी के स्थान पs परिवर्तित मार्ग गोंदिया-कछपुरा-जबलपुर-कटनी के रास्ते चलावल जाई।
650530cookie-checkछपरा से चले वाली दुर्ग एक्सप्रेस सहित कइयन गो ट्रेन रद्द: कइयन के बदलल रूट, यात्रियन के होई परेसानी; देखी ट्रेनन के पूरा लिस्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.