Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पंजाब में किसानन के ‘रेल रोको’ आंदोलन जारी, दर्जन ट्रेन भइल कैंसिल, रेलवे दिहलस जानकारी

पंजाब में किसानन के रेल रोको के आवाजाही के चलते दर्जनों ट्रेन के रद्द करे के पड़ल बा जवना के चलते हजारों यात्री के समस्या के सामना करे के पड़ता।

163

चंडीगढ़ : पंजाब में किसान 3 दिन के ‘रेल रोको प्रदर्शन’ जारी रखले अवुरी बहुत जगह रेल पटरी पs बईठे के चलते कम से कम 92 ट्रेन के आवाजाही प्रभावित भईल बा। सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म पs रेलवे के ओर से दिहल जानकारी के मुताबिक बता दीं कि किसान लोग हाल के बाढ़ से भइल नुकसान के वित्तीय पैकेज, एमएसपी के कानूनी गारंटी आ व्यापक लोन माफी के मांग करत आपन विरोध शुरू कइल।

90 से अधिक ट्रेन प्रभावित भइल

एकरा से पहिले गुरुवार के फिरोजपुर मंडल के तहत 91 ट्रेन में से 51 ट्रेन के रद्द अवुरी 24 ट्रेन के शॉर्ट टर्मिनेशन कईल गईल जबकि 5 ट्रेन के डिपार्चर स्टेशन से डायवर्ट कs दिहल गईल रेलवे अधिकारी बतवले।एकरा संगे 11 ट्रेन के रूट भी बदल दिहल गईल। रेलवे भी शुक्रवार के ट्रेन के स्थिति के बारे में ट्वीट कईलस अवुरी कवना रूट पs कवन ट्रेन के रद्द चाहे डायवर्ट कईल गईल बा, एकर जानकारी दिहलस। रउआँ एह सूची में ट्रेन यातायात के वर्तमान स्थिति भी जान सकत बानी।

इहे रद्द भईल ट्रेन के सूची बा

किसान के आंदोलन 30 सितंबर तक जारी रही। बता दीं कि प्रदर्शनकारी कहले कि 30 सितंबर तक केंद्र के खिलाफ आंदोलन जारी राखब। गुरुवार के किसान मोगा, होशियारपुर, गुरदासपुर, जालंधर, तरन तारन, संगरूर, पटियाला, फिरोजपुर, बठिंडा अवुरी अमृतसर के 17 जगह पs आंदोलन शुरू क देले। अमृतसर में देवीदास पुरा में अमृतसर-दिल्ली रेलवे ट्रैक पs किसान बईठ गईले।एह प्रदर्शन में किसान मजदूर संघर्ष समिति, भारतीय किसान यूनियन (क्रांतिकारी), भारतीय किसान यूनियन (एकता आजाद), आजाद किसान समिति दोआबा, भारतीय किसान यूनियन (बेहरामके), भारतीय किसान यूनियन (शहीद भगत सिंह) आ भारतीय किसान यूनियन (छोटू राम) ) सहित कई किसान संगठन भाग लेत बाड़े।

किसान संगठनन के का मांग बा?

किसानन के मांग में उत्तर भारत में बाढ़ से प्रभावित किसानन खातिर वित्तीय पैकेज, सगरी फसल पs एमएसपी खातिर कानूनी गारंटी आ लोन माफी समेत अउरी मांग शामिल बा। अमृतसर में किसान नेता गुरबचन सिंह कहले कि किसान अवुरी मजदूर के पूरा कर्जा माफ होखे के चाही। एकरा अलावे उ खत्म कृषि कानून के विरोध के दौरान मरेवाला किसान के परिवार के, दस लाख रुपिया देवे अवुरी ओ लोग के कवनो रिश्तेदार के सरकारी नौकरी देवे के मांग भी कईले।

साभार- इंडिया टीवी

 

 

 

650500cookie-checkपंजाब में किसानन के ‘रेल रोको’ आंदोलन जारी, दर्जन ट्रेन भइल कैंसिल, रेलवे दिहलस जानकारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.