Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मलेशिया के दुगो नेवी हेलिकॉप्टर टकराइल: 10 क्रू मेंबर्स के मौत; परेड रिहर्सल में हादसा, एगो हेलिकॉप्टर स्वीमिंग पुल आ दूसरका  स्टेडियम में गिरल

316
मलेशियाई नेवी के दुगो हेलिकॉप्टर मंगर के हवा में टकरा गइल। हादसा में 10 के मौत हो गइल बा। मलेशियाई नेवी बतवलस  कि रॉयल मलेशियन नेवी परेड के रिहर्सल के दौरान ई हादसा भइल। मलेशियाई नेवी बतवलस कि मारल गइल सब लोग नेवी के क्रू मेंबर्स रहे।

BBC न्यूज के मोताबिक, हादसा मंगर के सबेरे 9.30 बजे पेराक में लुमुत नेवल बेस पs भइल। सब शवन के लुमुत एयरबेस के अस्पताल भेजल गइल बा,  जहां एकर पहचान कइल जाई।

HOM हेलिकॉप्टर आ फेनेक हेलिकॉप्टर टकराइल

हेलिकॉप्टर के टक्कर के वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा। मलेशियन फ्री प्रेस के रिपोर्ट के मोताबिक, नेवी के 90वीं सालगिरह पs परेड खातिर रिहर्सल चलत रहे। तबे  HOM (M503-3) हेलिकॉप्टर फेनेक हेलिकॉप्टर के रोटर से टकरा गइल।

एकरा बाद फेनेक हेलिकॉप्टर लगही में मवजुद के एगो स्विमिंग पूल में जा गिरल। ओहिजा, HOM हेलिकॉप्टर लुमुत बेस के स्टेडियम के लगे क्रैश हो गइल। ई टक्कर काहे भइल आ कइसे एकर जानकारी सामने ना आइल। मलेशियाई नेवी बतवलस कि ओकर एगो टीम पूरा ममिला के जांच कs रहल बिया।

799910cookie-checkमलेशिया के दुगो नेवी हेलिकॉप्टर टकराइल: 10 क्रू मेंबर्स के मौत; परेड रिहर्सल में हादसा, एगो हेलिकॉप्टर स्वीमिंग पुल आ दूसरका  स्टेडियम में गिरल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.