[the_ad_group id="30365"]

NASA: ‘नासा के प्रमुख बिल नेल्सन इ बात कहले कि, ‘चीन चंद्रमा के कुछ हिस्सा प कब्जा कइल चाहता’

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नासा के प्रमुख बिल नेल्सन कहले कि चीन हमेशा से इहे कहत रहल बा कि अंतरिक्ष में ओकर गतिविधि पूरा तरीका से वैज्ञानिक बा। एकर मकसद कवनो तरह से अतिक्रमण ना होला ।

नासा के प्रमुख बिल नेल्सन चीन के बारे में एगो चौंकावे वाला दावा करत कहले कि ऊ लोग (चीन) अंतरिक्ष में एगो गुप्त सैन्य कार्यक्रम चलावत बा जेहसे कि ऊ लोग चंद्रमा प दावा कर सके । नेल्सन के मुताबिक, उ लोग ए जानकारी के छिपावत बाड़े। नेल्सन कहले कि चीन हमेशा से इहे कहत रहल बा कि अंतरिक्ष में ओकर गतिविधि पूरा तरीका से वैज्ञानिक बा। एकर मकसद कवनो तरह से अतिक्रमण ना होला । बाकिर चीन के मंशा अलगे बा।हमनी के लागता कि चीन अंतरिक्ष के क्षेत्र में असाधारण प्रगति कइले बा, बाकी ओकर अधिकांश कार्यक्रम गुप्त रहल बा। अमेरिका आ चीन दुनु चंद्रमा प स्थायी अड्डा बनावे के कोशिश में लागल बा । एह साल मार्च में चीनी वैज्ञानिक डिज्नीलैंड के आकार के चंद्र आधार बनावे के एलान कइले रहले ।

अमेरिका चीन के एगो महत्वपूर्ण प्रतिद्वंद्वी मानत आइल बा

नेल्सन कहले कि, चीन के मंशा इहे लागता कि उ चंद्रमा के कुछ हिस्सा के अपना कब्जा में लेवे के चाहता। हमनी के एगो दौड़ में बानी जा। 2030 तक चंद्रमा पर उतरे के तैयारी। हमनी के जल्दीए उहाँ पहुंचल चाहत बानी जा।

आर्टेमिस III सितंबर, 2026 में लॉन्च कइल जाई। असल में अमेरिका हमेशा चाँद के चिंता में रहेला। उ चीन के आपन सबसे महत्वपूर्ण प्रतिद्वंद्वी मानेला। बाकिर नेल्सन के दावा बा कि अमेरिका चीन से बहुते आगे बा। उ कहले कि जदी चीन पहिले उहाँ आपन अड्डा बनावे शुरू करी त उ चंद्रमा के कुछ हिस्सा प दावा क सकता। नासा के एह बात के चिंता बा काहे कि चीन 2022 में आपन स्पेस स्टेशन बना चुकल बा । एकरा साथे ऊ अपना उपग्रहन के संख्या दुगुना कर दिहले बा।

चार साल में अरबों डॉलर के निवेश भइल

चीन पिछला चार साल में अंतरिक्ष मिशन में अरबों डॉलर के निवेश कइले बा । अमेरिकी अंतरिक्ष बल के कमांडर चीन के ट्रैकिंग उपग्रहन का बारे में चेतावनी दिहले बाड़न जवना के इस्तेमाल सैन्य अभियानन प नजर राखे में कइल जा सकेला। चीन विशालकाय जासूसी गुब्बारे आ हाइपरसोनिक मिसाइल भी विकसित कर रहल बा।

अंतरिक्ष समझौता के उल्लंघन होई

नेल्सन एहसे पहिले कहले रहले कि दक्षिण चीन सागर में जवना तरह से चीन के व्यवहार बा, उ साबित करता कि उ अंतरिक्ष में कइसन व्यवहार करी। जदी अइसन भइल त ई 1967 के आउटर स्पेस एग्रीमेंट के उल्लंघन होखी । उ चीन के अंतरिक्ष में जगह के दावा करे के आशंका जतवले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]