महराजगंज: सबेरे टहले निकलल तीन लोगन के पिकअप रउदलस, दुगो अधेड़ के मौत, एगो गंभीर

Share

श्यामदेउरवा थाना क्षेत्र के परतावल कप्तानगंज मार्ग पs सनीचर के सबेरे लगभग पांच बजे पिकअप सड़क के किनारे टहल रहल तीन लोगन के रउदलस। घटना में दुगो अधेड़ के मृत्यु हो गइल आ दुगो लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल।

श्यामदेउरवा थाना क्षेत्र के धरमौली निवासी ब्यासमुनि पुत्र रामा कन्नौजिया, मधुबन मौर्या पुत्र सुक्खू आ करनाकांत दुबे रोज के तरे भोर में टहलत रहस। ऊ धरमौली से अभी डुमरी तक पहुंचलही रहस, कि परतावल के ओर आ रहल अनियंत्रित पिकअप उनका रउद देलस घटना में ब्यासमुनि आ मधुबन के मृत्यु हो गइल।

एसओ श्यामदेउरवा अभिषेक सिंह बतवलें कि एगो के गंभीर इस्थिति में इलाज खातिर मेडिकल कालेज गोरखपुर भेजल गइल बा। तहरीर के आधार पs कार्रवाई कइल जाई।

साभार: दैनिक जागरण

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-