Bihar News: सीढ़ी से गिरली मंत्री लेसी सिंह, आईसीयू में चल रहल इलाज; उन्नयन बिहार कार्यक्रम के दौरान अइसन भइल

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 26, 2024

बिहार सरकार में खाद्य आ उपभोक्ता संरक्षण मंत्री लेसी सिंह कार्यक्रम के दौरान सीढ़ी पर से गिरला से चोटिल हो गइली। उनका के पूर्णिया के निजी अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। आईसीयू में उनकर

Share

घटना से कुछ देर पहिले के तस्वीर। - फोटो : अमर उजाला

बिहार सरकार में खाद्य आ उपभोक्ता संरक्षण मंत्री लेसी सिंह कार्यक्रम के दौरान सीढ़ी पर से गिरला से चोटिल हो गइली। उनका के पूर्णिया के निजी अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। आईसीयू में उनकर इलाज जारी बा। मंत्री के कमर आ हाथ में गंभीर चोट आइल बा। डॉक्टर उनका के खतरा से बाहर बतावल गइल बा।

उन्नयन बिहार कार्यक्रम में सामिल होखे पहुंचल रहली

बतावल जात बा कि मंत्री लेसी सिंह सनीचर के सबेरे ओह समय गिरला से चोटिल हो गइली जब ऊ जिला के प्रभारी मंत्री विजय कुमार चौधरी आ पूर्व सांसद संतोष कुशवाहा के संगे स्थानीय जिला स्कूल परिसर में उन्नयन बिहार कार्यक्रम में सामिल होखे पहुंचल रहली। इहां ऊ गिर गइली आ उनका गंभीर चोट आइल बा। उनकर ईलाज निजी अस्पताल में चल रहल बा।

लोग स्वस्थ होखे के दुआ कs रहल बा लो

बता दीं कि मंत्री लेसी सिंह पूर्णिया के धमदाहा विधानसभा से विधायक बाड़ी आ वर्तमान में जदयू कोटा से बिहार सरकार में उपभोक्ता संरक्षण मंत्री बाड़ी। ऊ सीएम नीतीश के करीबियन में से एगो बाड़ी। सीमांचल आ कोसी में उनका आयरन लेडी के तौर पs जानल जाला। एने, मंत्री के तबीयत बिगड़ला के सूचना पाके ना खाली परिवार वाला बलुक जदयू के नेता आ आला अधिकारियो मवका पs पहुंचल रहली। सभे लेसी सिंह के इस्थिति जाने के कोसिस कइल। फिलहाल, अस्पताल के बाहर समर्थकन के जमावड़ा लागल बा। सब लोग उनका स्वस्थ होखे के दुआ कs रहल बा लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.