मोतिहारी एसपी दु थानाध्यक्षन के कइलें निलंबित, दु आउर से मंगले स्पष्टीकरण

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 4, 2022

मोतिहारी: एसपी डॉ कुमार आशीष दु थानाध्यक्षन के निलंबित कs देले बाड़ें। एकरा संगही न्य दु गो आउर थानाध्यक्षन से ओह लोग के कार्यशैली के लेके स्पष्टीकरण देवे के कहल गइल बा। निलंबित कइल गइल

Share

मोतिहारी: एसपी डॉ कुमार आशीष दु थानाध्यक्षन के निलंबित कs देले बाड़ें। एकरा संगही न्य दु गो आउर थानाध्यक्षन से ओह लोग के कार्यशैली के लेके स्पष्टीकरण देवे के कहल गइल बा। निलंबित कइल गइल दुनो थानाध्यक्ष पर काम में लापरवाही के आरोप में ई कार्रवाई कइल गइल बा। एसपी दुनो के विरुद्ध विभागीय कार्रवाई करे के आदेसो दे देले बाड़ें।

जिला पुलिस मुख्यालय से मिलल जानकारी के अनुसार आदापुर थानाध्यक्ष महेंद्र कुमार जेल में बंद कैदी के लूट के एगो ममिला में आरोपित करत चार्टशीट कs देले रहस। कांड के त्रुटिपूर्ण अनुसंधान के आरोप में एसपी आदापुर थानाध्यक्ष के निलंबित करत लाइन हाजिर कइले बाड़ें।

कल्याणपुर थानाध्यक्ष संजीव कुमार पs आम जनता के शिकायतन के निष्पादन में लापरवाही आ वरीय पदाधिकारियन के आदेसन के अवहेलना कइला के आरोप में एसपी इनको के निलंबित कs के लाइन हाजिर कs देले बाड़ें। एकरा संगही पिपरा थानाध्यक्ष सुनील कुमार आ गोविंदगंज थानाध्यक्ष विजय कुमार से स्पष्टीकरण मांगल गइल बा।

पिपरा थानाध्यक्ष सुनील कुमार के उच्च न्यायालय पs आदेस के अवमानना के आरोप बा तs ओहिजा गोविंदगंज थानाध्यक्ष विजय कुमार के न्यायालय में समय से आरोप पत्र समर्पित ना कइला के कारण स्पष्टीकरण देवे के निरदेस दिहल गइल रहे। एसपी के एह कारवाई के बाद जिला मे पदस्थापित पुलिस पदाधिकारियन में हडकंप मच गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.