Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आज लखनऊ अउर दिल्ली के बीचे टक्कर:राहुल के बल्ला चलल त दिल्ली के बढ़ जाई मुश्किल

पंत पर पारी के अंत ले खेलले के जिम्मेदारी

179

इंडियन प्रीमियर लीग 2022 के 15वा मुकाबला में गुरुवार के दिल्ली कैपिटल्स के टीम के सामना लखनऊ सुपर जायंट्स से होई। दिल्ली कैपिटल्स के टीम अपने पहिला सीजन में अच्छा प्रदर्शन कs रहल लखनऊ सुपर जायंट्स के खिलाफ जीत के अंकतालिका में टॉप-4 जगह बनावल चाही।

हाई ऑन कॉन्फिडेंस लखनऊ सुपर जायंट्स मुंबई के डीवाई पाटिल स्टेडियम में आज साँझ 7:30 बजे दिल्ली कैपिटल्स से भिड़ी। IPL-15 के शुरुआती मैच में गुजरात टाइटन्स से हरवले के बाद गत विजेता चेन्नई सुपर किंग्स अउर सनराइजर्स बादराबाद के हरा के लखनऊ दमदार वापसी कइले बा। ऋषव पंत के कप्तानी में दिल्ली कैपिटल्स 5 बार के विजेता मुंबई इंडियंस पs धमकेदार जीत के संगे शुरुआत कइलस लेकिन दूसरका मुकाबला में ओके नए-नवेले गुजरात टाइटंस के हाथों हार के सामना करेके पड़ल।

238440cookie-checkआज लखनऊ अउर दिल्ली के बीचे टक्कर:राहुल के बल्ला चलल त दिल्ली के बढ़ जाई मुश्किल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.