Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

KKR vs MI IPL Match: कोलकाता ने मुंबई इंडियंस को 5 विकेट से हरवलस

पैट कमिंस एक्के ओवर में बनवने 35 रन

166

KKR vs MI IPL 2022 Match: पुणे के एमसीए स्टेडियम में मुंबई इंडियंस अउर कोलकाता नाइट राइडर्स के बीच आईपीएल 2022 के 14वां लीग मैच खेलल गइल। ई मैच के कोलकाता नाइट राइडर्स 5 विकेट से अपने नाम कइलस। उहवें, मुंबई इंडियंस के लगातार तीसरा हार मिलल। केकेआर के ऑलराउंडर पैट कमिंस एक ओवर में 35 रन बटोर के मुकाबला के 16 ओवर में खतम कs देहने। एकरे अलावा ऊ आईपीएल के इतिहास में सबसे तेज अर्धशतक जड़े वाला संयुक्त रूप से पहिला खिलाड़ी बन गइने।

एह मैच में मुंबई इंडियंस कोलकाता नाइट राइडर्स यानी केकेआर के सामने जीत खातिर 162 रन का लक्ष्य रखने। मुंबई के टीम निर्धारित 20 ओवर में 4 विकेट खो के 161 रन बनवने, जेमें सूर्यकुमार यादव के अर्धशतक शामिल रहल। 162 रन के जवाब में केकेआर खातिर वेंकटेश अय्यर के संगे अजिंक्य रहाणे पारी के आगाज कइने। हालांकि, रहाणे 7 रन बनाकर आउट हो गइने। श्रेयस अय्यरो जल्दी आउट हो गइने। ऊ 10 रन बनवने। तीसरा विकेट के तौर पर सैम बिलिंग्स (17) पवेलियन लौटने। नितीश राणा (8) चौथा विकेट के तौर पर आउट भइने। आंद्रे रसेल 11 रन बना के चल गइने। पैट कमिंस 15 गेंद में 56 रन बना के नाबाद लौटने। वेंकटेश अय्यर 41 गेंद में नाबाद 50 रन बनवने।

एह मैच में कोलकाता की टीम के कप्तान श्रेयस अय्यर टॉस जीतकर पहिले गेंदबाजी कइले के फैसला कइने। अइसे में मुंबई इंडियंस पहिले बल्लेबाजी करे उतरल। कप्तान रोहित शर्मा महज 3 रन बनाके उमेश यादव के गेंद पर आउट हो गइने। पावरप्ले में मुंबई एक विकेट खो के 35 रन बनवने। दूसरका झटका मुंबई के डेवाल्ड ब्रेविस के रूप में लागल जौन 29 रन बना के चल गइने। तीसरा विकेट मुंबई के ईशान किशन के तौर पर गिरल, जे 21 गेंद में 14 रन बना पवने। सूर्यकुमार यादव 52 रन बना के आउट भइने। तिलक वर्मा 38 रन बना के अउर किरोन पोलार्ड 22 रन बनाकर नाबाद लौटने।

238380cookie-checkKKR vs MI IPL Match: कोलकाता ने मुंबई इंडियंस को 5 विकेट से हरवलस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.