[the_ad_group id="30365"]

आज पंजाब के सामना गुजरात से : ब्रेबोर्न में एह सीजन बनवले बाने सबसे ढेर रन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पंजाब किंग्स के सामना आज IPL 2022 के मैच में गुजरात टाइटंस से होई। ई मुकाबला साँझ 7:30 बजे से मुंबई के ब्रेबोर्न स्टेडियम में खेलल जाई। PBKS अपने पिछले मैच में CSK को मात देहले रहल। फिलहाल 3 मुकाबला में 2 मैच जीत चुकल पंजाब के नेट रन-रेट +0.238 के चल रहल बा। गुजरात के बात कइल जाय त ई नई टीम अब ले खेलल गइल अपने दूनों मुकाबला में जीत हासिल कइले बा। गुजरात के नेट रन-रेट +0.495 के बा। अइसन हालत में आजु के मैच रोमांचक होखले के उम्मीद बा।

पिच रिपोर्ट
IPL 2022 के एह सीजन में इहां भइल पिछला दू मैच हमनी के आसानी से 180+ स्कोर बनत देखले बानी। शुरुआत में तेज गेंदबाज के तनी मदद मिली, बाद में बल्लेबाजन खातिर एह सतह पर रन बनावल आसान होई। अगर बॉलर्स शुरुआत में विकेट नाइ चटकवने त बड़ पार्टनरशिप पनप सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]