Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिल्ली-एनसीआर समेत उत्तर भारत में देर रात आइल भूकंप, नेपाल में छह लोग के मौत

472

दिल्ली-एनसीआर समेत पूरे उत्तर भारत में मंगर के देर रात भूकंप (Earthquake) के तेज झटका लागल। दू बेर में तेज झटका लगले से कई कॉलोनियन अउर मोहल्ला में लोग घर से बाहर निकल आइल। भूकंप के झटका देर रात 1.58 बजे महसूस कइल गइल। कुछ रुक के दू बेर झटका लगले से नींद में सूतल लोग भी जाग गइलें अउर घर से बाहर निकल आइल। उहवें भूकंप के केंद्र रहल नेपाल में छह लोग के मौत हो गइल बा। समाचार एजेंसी एएनआई के मुताबिक डोटी जिला में एक घर गिरले से एह लोगन के मौत भइल बा।

बाउर तरह घबराइल लोग में से कुछ लोग अपने घर अउर दीवारन के चेक कइल शुरू कs दिहल। कुछ देर में भूकंप के सूचना एक-दूसरे के बतवले अउर एके कनफर्म करे खातिर लोग के फोन घनघनात रहे। जानकारन के मुताबिक भूकंप के तीव्रता 6.3 से अधिक रहल। दिल्ली-एनसीआर के अलावा उत्तर प्रदेश अउर उत्तराखंड के आसपास के जिला में भी लोग भूकंप के झटका महसूस कइल।

नेशनल सेंटर फॉर सीस्मोलॉजी के मुताबिक एकर केंद्र नेपाल के मणिपुर में जमीन से 10 किलोमीटर नीचे रहल। बता देईं कि उत्तर भारत में महज पांच घंटा के भीतर दूसरा बेर भूकंप के झटका महसूस भइल बा। एहसे पहिले मंगर रात आठ बज के 52 मिनट पर लखनऊ समेत यूपी के कई हिस्सा में भूकंप के झटका महसूस कइल गइल रहे। ओकर तीव्रता रिक्टर पैमाना पर 4.9 मापल गइल रहे। उहवें नेपाल में ई मंगर के 24 घंटा के भीतर तीसरा बेर भूकंप के झटका रहल।

बता देईं कि भूकंप के झटका यूपी के लखनऊ, मुरादाबाद, मेरठ बरेली आदि शहरन में भी महसूस कइल गइल। उहवें एनसीआर के फरीदाबाद, गुरुग्राम, ग्रेटर नोएडा में भी झटका महसूस भइल। एह दौरान कई जगह से लोग के बेड ले हिलले के खबर आइल बा। हालांकि राहत के बात ई ह कि एह जगह से कौनो तरह के दुर्घटना के खबर नाइ आइल।

लोग के प्रतिक्रिया

नोएडा में रात में काम करे वाले सूरज बतवलें कि हम ऑफिस में रहनीं जब हमार सीट हीले लागल। कार्यालय में भूकंप के अलार्म बज गइल। जेकरे बाद हम उहां से बाहर निकल के आ गइलीं। हमनीं के लगभग 10 मिनट के बाद वापस अंदर गइनीं जा।

नई दिल्ली रेलवे स्टेशन पर एगो टैक्सी चलावे वाला बतवलें कि हम सवारी लेके जात रहनीं, तब्बे भूकंप के झंटका महसूस भइल। कार में सवार सवारी उतर गइल। हमनीं के थोड़े समय खातिर ई महसूस कइनीं जा।

रेलवे स्टेशन मौजूद एगो सवारी बतवलें कि हम एगो ऑटो से उतरत रहनीं कि हमनीं के झटका महसूस भइल। ऑटो चालक भी डर गइलें, हमनी चारों ओर देखनीं जा त दूसरे के भी झटका महसूस भइल। एकरे तुरंत बाद हम रुक गइनीं।

374830cookie-checkदिल्ली-एनसीआर समेत उत्तर भारत में देर रात आइल भूकंप, नेपाल में छह लोग के मौत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.