- बिहार: PK के महागठबंधन प हमला जारी: बोलले- लालू के अपराधियन से डेरा के लोग नीतीश के वोट दिहल, अब अधिकारी लूट रहल बा लो। 35 साल से लोग लालू-नीतीश के चुन रहल बा, दिल्ली-गुजरात-मुंबई में लोग सरकार बदल देला।
- बिहार: आरा-बक्सर फोरलेन प 14 नवंबर से दउड़े लागी गाड़ी, नीतिन गड़करी रोहतास में करिहें नया पुल के शिलान्यास।
- उत्तर प्रदेश: लखनऊ समेत कई जिलन में दु बेर आइल भूकंप, देर रात घबरा के घरन से बाहर निकलल लोग। पहिला बेर रिक्टर पैमाना प तीव्रता 4.9 आ दूसरा बेर 6.3 बतावल जा रहल बा।
- उत्तर प्रदेश: विश्वविधालयन में नियुक्तियन आ सप्लाई में 100 करोड़ के फर्जीवाड़ा, एसटीएफ जुटवलस सबूत। 6 विश्वविधालयन में प्री आ पोस्ट परीक्षा के संचालन करावे वाला कंपनी के कमीशनखोरी के पोल खुलला के बाद से नियुक्तियन आ सप्लाई में करोड़न के खेल से पर्दा उठे लागल बा।
- झारखंड: धनबाद में मतदाता जागरुकता खातिर वॉकथान के आयोजन, सीईओ सहित कइयन अधिकारी होई लो शामिल।
- दिल्ली-NCR में देर रात 4.9 भूकंप तीव्रता के भूकंप: एपिसेंटर नेपाल में 6.3 तीव्रता के भूकंप से 6 लोगन के मौत, दिल्ली-यूपी आ राजस्थान समेत देश के 7 राज्यन में कांपी धरती।
- इटली के पीएम मेलोनी नाजी समर्थक के मंत्री बनवली: रेव जइसन पार्टियन प रोक के कानून ले अवली; एक्सपर्ट बोलले- खतरा में अधिकार, प्रधानमंत्री बनला के 2 हफ्ता बाद अपना फसीलैन से निशाना प अइली जॉर्जिया मेलोनी।
- पीएम मोदी आज हिमाचल में: शाहपुर के चंबी आ हमीरपुर के सुजानपुर में करिहें जनसभा; पैराग्लाइडिंग, ड्रोन, हेलिकॉप्टर उड़ावे प बैन।
- जस्टिस डीवाई चंद्रचूड़ होईहें नया CJI: राष्ट्रपति द्रौपदी मूर्मु दिलइहें शपथ; पिता पहिले रह चुकल बाड़ें देश के 16 वां चीफ जस्टिस। 2 साल तक पद प रहिहें जस्टिस चंद्रचूड़।
- न्यूजीलैंड-पाकिस्तान के बीच पहिला सेमीफाइनल आज: आंकड़ा पाकिस्तान के फेवर में, फार्म न्यूजीलैंड के बेहतर। बिहान भारत के इंग्लैंड संगे बा मकाबला। कप्तान रोहित से बा बड़ पारी के उम्मीद।
Morning Updates : भोर के 10 बड़ खबर
Published on: Nov 9, 2022
बिहार: PK के महागठबंधन प हमला जारी: बोलले- लालू के अपराधियन से डेरा के लोग नीतीश के वोट दिहल, अब अधिकारी लूट रहल बा लो। 35 साल से लोग लालू-नीतीश के चुन रहल बा, दिल्ली-गुजरात-मुंबई
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, big news, bihar news, breaking news, jharkhand news, Morning Bulletin, morning news, morning Updates, top 10 news, top news, up news, भोर के 10 बड़ खबर, भोर के बड़ खबर
Share this article






