नींबू करवलस सस्पेंड: कपूरथला जेल सुपरिंटेंडेंट 200 रुपिया किलो के हिसाब से मंगवले 50 किलो नींबू, कैदी बोलल लो- हमनी के तs एको ना मिलल 

By Anurag Ranjan

Published on: May 6, 2022

चिलचिलात गरमी में नींबू के ‘स्वाद’ चखल कपूरथला मॉडर्न जेल के सुपरिंटेंडेंट गुरनाम लाल के महंगा पड़ गइल। जेल मंत्री हरजोत बैंस के आदेश पs एडीजीपी-जेल वरिंदर कुमार उनका के पद से निलंबित कs देले।

Share

चिलचिलात गरमी में नींबू के ‘स्वाद’ चखल कपूरथला मॉडर्न जेल के सुपरिंटेंडेंट गुरनाम लाल के महंगा पड़ गइल। जेल मंत्री हरजोत बैंस के आदेश पs एडीजीपी-जेल वरिंदर कुमार उनका के पद से निलंबित कs देले। जानकारी के मोताबिक, जेल सुपरिंटेंडेंट 50 किलो नींबू जेल में मंगवले, बाकिर एगो नींबू कैदियन के नसीब ना भइल। कैदी एकर शिकायत उच्चाधिकारियन से कs दिहल लो। एडीजीपी के आदेश पs डीआईजी जेल कावर से एक मई के कइल गइल औचक निरीक्षण में जेल में राशन के अलावा आउर कई जगहन पs अनियमितता सोझा आइल। जवना के चलते जेल सुपरिंटेंडेंट के सस्पेंड कs दिहल गइल।

इस समूचा गबन के खुलासा ओह समे भइल जब कैदियन कावर से मिल रहल शिकायत के चलते एक मई के डीआईजी जेल कपूरथला से आठ किलोमीटर दूर इस्थित थेह काजला में जालंधर-कपूरथला जिलन के ला बनल मॉडर्न जेल में जांच करे पहुंचले। डीआईजी के साथ लेखा अधिकारी जांच में पवले कि सुपरिंटेंडेंट गुरनाम लाल 15 से 30 अप्रैल के बीचे 50 किलो नींबू खरीदले रहस। ओ समे नींबू के कीमत 200 रुपये प्रति किलो से ऊपर रहे। दूसरा ओर कैदी लो दावा कइल कि रसोई में नींबू के कबो इस्तेमाल कइले ना गइल।

जेल मंत्री हरजोत सिंह बैंस कपूरथला जेल अधीक्षक गुरनाम लाल के कुप्रबंधन आ कैदियन ला कथित तौर पs राशन के हेराफेरी ला निलंबित करे के आदेश देले बाड़े। जेल अधिकारी आउर अनियमितन के बीचे 50 किलोग्राम नींबू के खरीद दिखवले रहस , जबकि कैदियन के दावा रहे कि नींबू जेल के रसोई में कबो इस्तेमाल ना कइल गइल रहे।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.