[the_ad_group id="30365"]

झारखंड के जमशेदपुर में मनोज तिवारी, शक्ति कपूर समेत एह अभिनेता लोग पर दर्ज होई केस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मैक्सिजोन टच प्राइवेट लिमिटेड के फर्जीवाड़े में अभिनेता मनोज तिवारी, गोविंदा, चंकी पांडे, शक्ति कपूर, राजा मुराद कई लोगों पर केस दर्ज कइले के आदेश देहल गइल बा. ई लोग कंपनी के प्रचार प्रसार कइलें रहने, जेकरे वजह से लोग इनके झांसे में आ गइनें।
जमशेदपुर में मैक्सिजोन टच प्राइवेट लिमिटेड के 150 करोड़ के फर्जीवाड़ा में भाजपा सांसद अउर फिल्म अभिनेता मनोज तिवारी, गोविंदा, चंकी पांडे, शक्ति कपूर, राजा मुराद के अलावा कंपनी के एमडी चंद्रभूषण सिंह, प्रियंका सिंह अउर परसुडीह विद्यासागर पल्ली निवासी सूर्य नारायण पात्रो के खिलाफ प्राथमिकी दर्ज कइल जाई। फर्जीवाड़ा के शिकार नौ लोग अधिवक्ता विद्या सिंह के माध्यम से सीजेएम की अदालत में शिकायतवाद दाखिल कइले बानें।
मामला के प्राथमिकी साकची थाना दर्ज कइल जाई. शिकायतवाद में लोग बतावल कि कंपनी ओर से 15 प्रतिशत ब्याज देहले के बात कहिके एजेंट सूर्य नारायण पात्रो लोग से रुपये निवेश करवनें. एह कंपनी के प्रचार अभिनेता मनोज तिवारी, गोविंदा, शक्ति कपूर, चंकी पांडे अउर राजा मुराद कइले रहने. जेकरे झांसे में आके लोग आपन पूंजी कंपनी में निवेश कइलें रहने. एसे पहिले साकची थाना में कंपनी के डायरेक्टर चंद्रभूषण सिंह अउर प्रियंका सिंह के खिलाफ केस दर्ज करववले रहने।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]